नेपाल मे कोरोना के प्रयोगशाला परीक्षण १३ हजार मात्र

काठमाण्डु २० वैशाख

कोरोना भाइरस के संक्रमण पत्ता लगावे खातिर नेपाल मे अभी तक प्रयोगशाला मे १३ हजार ९८ गो परीक्षण भईल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा के मुताविक ¥यापिड डाइग्नोस्टिक टेस्ट (आरडीटी) विधि से ४८ हजार ५ सय २९ जने के परीक्षण भईल बा ।

जनस्वास्थ्य के विज्ञलोग नेपाल मे कोरोना परीक्षण के दायरा विस्तार ना भईला पर रोकथाम के खातिर लकडाउन के समय उपयोग करे ना सकेके बतावत आईल बाडन ।

प्रदेश १ मे ५ हजार २ सय ८२, प्रदेश २ मे पाँच हजार छ सय ८७, वागमती प्रदेश मे पाँच हजार पाँच सय १५ गो आरडीटी परीक्षण भईल बा । एहितरे गण्डकी प्रदेश मे पाँच हजार चार सय ११, प्रदेश ५ मे चार हजार दु सय ४०, कर्णाली प्रदेश मे पाँच हजार पाँच सय ७१ आ सुदूरपश्चिम मे १३ हजार आठ सय २३ गो आरडिटी परीक्षण भईल बाडन ।

देशभर २२ हजार ९ सय ७८ जने क्वारेन्टाइन मे रहल बाडन । प्रदेश १ मे २ हजार ८ सय ६५, प्रदेश २ मे १ हजार ३ सय ९१ आ बागमती प्रदेश मे ५ सय ११ जने क्वारेन्टाइन मे रहल बाडन ।

एहितरे गण्डकी प्रदेश मे ६ सय ३२, प्रदेश ५ मे ११ हजार ३ सय ४, कर्णाली प्रदेश मे ३ हजार २ सय ७५ आ सुदूरपश्चि प्रदेश मे ३ हजार जने क्वारेन्टाइन मे रहल बाडन । काठमाण्डु उपत्यका मे ४ आ उपत्यका बाहर ८५ करके ८९ जनेअ भी अनेकन अस्पताल के आइसोलेसन मे ईलाज करा रहल बाडन ।

पिछिलका २४ घण्टा मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के नयाँ संक्रमण देखल गईल नइखे । पिछिकला २४ घण्टा मे परीक्षण भईल १२ सय ५२ गो नमुनासब नेगेटिभ आईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा बतवनी ।
अभी नेपाल मे ५९ जने मे कोरोना संक्रमण पोजेटिभ देखल गईल बा ।

एमे ४९ पुरुष आ १० जने जनानी रहल बाडि । संक्रमित मेसे १६ जने ईलाज के बाद ठिक होके घर फिर्ता गईल बाडन । अभी विराटनगर मे ३१ आ वीरगंज मे ८ जने ईलाज करा रहल बाडन । एहितरे रुपन्देही, नेपालगञ्ज, भरतपुर आ धनगढी मे १÷१ जने ईलाज करा रहल प्रवक्ता देवकोटा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।