ठोरी गाँवपालिका–५ मे रोपल दु बिगाहा अवैध गाँजा खेती पुलीस कटलख

मेघराज राय

जीराभवानी १३ अगहन

पर्सा के ग्रामीण ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ५ के आठघरे बडका बाग्मोर्चा आ छोटका बाग्मोर्चा मे करिब दु बिगाहा मे रोपल अवैध गाँजा खेती आजु पर्सा पुलीस काट के नोक्सान कईले बा ।

बडका बाग्मोर्चा के ओरिया खोला के किनार लगायत के जगहा मे रोपल अवैध गाँजा पुलीस काट के नोक्सान कईले बा ।

ईलाका प्रहरी पटेर्वासुगौली के प्रहरी निरीक्षक रामकाजी थापा आ ईलाका प्रहरी ठोरी प्रहरी निरीक्षक अशोक कुमार साह के संयुक्त टोली गाँजा काट के नोक्सान कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जानकारी देहनी ।

दु बिगहा मे रोपल करिब ५० हजार गाँजा के झार नोक्सान कईले बा ।

उ गाँजा केकर ह कहके अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यलय पर्सा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।