नर्स के स्वास्थ्य आ सुविधा मे ध्यान देहल जाँव : नर्सिङ संघ

काठमाण्डु २० वैशाख

संकट के समय जिम्मेवारी मे रहल नर्सलोग के सुविधा आ स्वास्थ्य सुरक्षा मे ध्यान देवे खातिर नेपाल नर्सिङ संघ सरकार के निहोरा कईले बा ।

कोरोना भाइरस के विश्वव्यापी महामारी के रुपमे निरन्तर जिम्मेवारी मे रहल नर्सलोग के स्वास्थ्य सुरक्षा आ सेवा सुविधा मे ध्यान देवे खातिर संघ निहोरा कईले बा ।

संघ के अध्यक्ष मनकुमारी राई अभी के अवस्था मे नर्सलोग घर आ अस्पताल के जिम्मेवारी सँगे निर्वाह करेके पड रहल कहत बेसी जोखिम रहला से स्वास्थ्य सुरक्षा ओरी ध्यान देवे खातिर भी निहोरा कइनी ।

स्वास्थ्य मन्त्रालय के नियमित प्रेस ब्रिफिङ मे अध्यक्ष राई फ्रन्ट लाइन मे काम करेवाला स्वास्थ्यकर्मी तथा सुरक्षाकर्मी के मनोबल उच्च होखेवाला काम करे खातिर भी सरकार के निहोरा कइनी ।

अभी के परिस्थिति से प्रयोगात्मक शिक्षा के माध्यम से गुणस्तरीय नर्स उत्पादन करेवाला किसिम से नर्सिङ शिक्षा के परिमार्जन करेके पाठ सिखावल भी उनकर बिचार बा ।

अभी महामारी विरुद्ध लडेके प्रमुख काम भईला से संक्रमण देखल गईल क्षेत्र के नर्ससब के संयमित होके जिम्मेवारी निर्वाह करे खातिर भी उ निहोरा कइनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।