वीरगञ्ज महानगरपालिका के बजेट ३अरब ८६ करोड ५१ लाख ९० हजार

वीरगंज १० असाढ
वीरगंज महानगरपालिका आर्थिक बरीस २०७७÷७८ के खातिर रु तीन अरब ८६ करोड ५१ लाख ९० हजार तीन सय ३५ के आयव्यय प्रस्तुत करत आजु सात वाँ नगरसभा पुरा कईले बा ।
प्रस्तुत बजेट मे चालू ओरी रु एक अरब ६२ करोड ६९ लाख १८ हजार, पूँजीगत ओरी दु अरब १७ करोड ४६ लाख ७२ हजार आ वित्तीय व्यवस्था ओरी रु ६ करोड ३६ लाख खर्च होखेके अनुमान कईल बा ।
कूल खर्च मेसे आर्थिक विकास ओरी २५ करोड ९५ लाख २५ हजार, सामाजिक विकास ओरी ८७ करोड ७७ लाख ३६ हजार, पूर्वाधार विकास ओरी एक अरब ७७ करोड ६ लाख १२ हजार, सुशासन तथा अन्तर सम्बन्धी – वन, वातावरण तथा विपत् ओरी रु २३ करोड ७५ लाख १६ हजार आ कार्यालय ओरी रु ७१ करोड ९८ लाख एक हजार व्यय के अनुमान प्रस्तुत कईल बा ।
उ बजेट मे आवेवाला बरीस सञ्चालन होखेवाला आयोजना मे ‘आरयुडिपी’ तथा ‘एसटिआइयुइआइपी’ ओरी रु एक अरब चार करोड ४७ लाख ५७ हजार, वार्ड स्तरीय योजनासब मे रु २४ करोड ७० लाख, म्याचिङ फन्ड मे १६ करोड ७७ लाख २५ हजार, लक्षित कार्जक्रम ओरी दु करोड ३४ लाख आ तराईमधेश समृद्धि कार्जक्रम ओरी रु ३० लाख रहल बा ।
सडक बोर्ड कार्जक्रम ओरी एक करोड, रोजगार कार्जक्रम ओरी ४० लाख, बहुक्षेत्रीय पोषण कार्जक्रम ओरी २० लाख, सामाजिक सुरक्षा भत्ता ओरी रु ४५ करोड, वार्ड भवन ओरी रु तीन करोड, उज्यालो वीरगंज कार्जक्रम ओरी १२ करोड ८१ लाख, शैक्षिक विकास ओरी ६२ करोड ६४ लाख, स्वास्थ्य ओरी १४ करोड ६८ लाख ८० हजार, कृषि विकास ओरी ८३ लाख, पशुसेवा विकास ओरी ४३ लाख तथा जनसहभागिता मे आधारित कार्जक्रम ओरी तीन करोड के बजेट व्यवस्थापन कईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका के उपप्रमुख शान्ति कार्की से प्रस्तुत कईल उ बजेट मे आवेवाला बरीस के अनुमान कईल खर्च सहेके स्रोत मेसे सङ्घीय सरकार के वित्तीय समानीकरण रु ४२ करोड ८८ लाख, राजश्व बाँडफाँट रु २१ करोड १२ लाख, सशर्त अनुदान ओरी रु ७५ करोड १६ लाख प्राप्त होखेके अनुमान कईल बा ।
एहितरे प्रदेश सरकार से वित्तीय समानीकरण रु एक करोड १६ लाख २० हजार, सशर्त अनुदान ओरी तीन करोड, राजश्व बाँडफाँट ओरी सवारीसाधन रु तीन करोड १४ लाख चार हजार, घरजग्गा रजिष्ट्रेशन ओरी रु १५ करोड, नगरविकास अनुदान ओरी एक अरब तीन करोड ५६ लाख ५१ हजार, नगरविकास कर्जा ओरी ९१ लाख ६ हजार, सडक बोर्ड ओरी एक करोड, युनिसेफ ओरी ४५ लाख प्राप्त होखेके अनुमान कईल बा ।
एहितरे नगद मौज्दात ओरी रु ३० करोड १८ लाख १८ हजार आ आन्तरिक आय ओरी रु ५९ करोड ७५ लाख के अनुमान कईल बा ।
नगरप्रमुख विजयकुमार सरावगी के सभापतित्व मे भईल उ नगरसभा के उदघाट्न करत प्रदेश २ के भौतिक पूर्वाधार विकासमन्त्री जीतेन्द्र सोनल कोरोना भाइरस के सङ्क्रमण के चलते विकास निर्माण से गति लेवे ना सकला समय स्थानीय निकाय सब से बेसी स्वास्थ्य क्षेत्र के विकास मे लगानी करेके बतवले बानी ।
महानगर आवेवाला आर्थिक बरीस के वार्षिक नीति कार्जक्रम तथा बजेट मे विश्वव्यापी महामारी के रुप मे रहल कोरोना भाइरस के रोकथाम आ ओकरा से सिर्जित समस्या समाधान के पहिलका प्राथमिकता मे रखले बा ।
कोरोना के महामारी से महानगर के सुरक्षित बनावे खातिर आ जनजीवन के समान्य अवस्था मे लियावे खातिर एक घर एक आदमी के पीसीआर जाँच करेके अभियान चलावे के महानगर जनवले बा ।
महानगर के पीसीआर परीक्षण के दायरा बढावे खातिर महानगरपालिका दातालोग सँगे चन्दा संकलन करके आपन पीसीआर मेसिन खरिद कईले बा ।
आवेवाला आर्थिक बरीस के वार्षिक नीति कार्जक्रम तथा बजेट पूर्वाधार, स्वास्थ्य, शिक्षा, कृषि, रोजगार के भी प्राथमिकता मे राखल उपप्रमुख कार्की बतवनी ।
नगरसभा के सम्बोधन करत महानगर प्रमुख विजय कुमार सारवगी कोरोना रोकथाम के खातिर संघ आ प्रदेश सरकार से अपेक्षित सहजोग ना मिलाल के बाद खुद अलगे पीसीआर मेसिन खरिद कईल बतवनी । अब के दु दिन भितर एक परिवार एक परीक्षण के अभियान सुरु करेके बतवनी ।






