पिसिआर मेशिन जोडेके बारेमे प्रदेश २ सरकार उपर रुष्ट युवा नेता साह

प्रभु यादव
बारा २० बैशाख
बारा जिल्ला के युवा नेता मुकेश साह ट्विट करत भारतीय सिमा से जुडल प्रदेश नम्बर २ मे कोरोना संक्रमण फईले के उच्च संभावना देख के भी सरकार एकर परिस्थिति मे उदासिन्ता देखईला पर प्रदेश २ के समग्र जन्ता के ज्यान जोखिम मे रहल आ प्रदेश २ सरकार के ध्यानाकर्षण करवले बानी ।
प्रदेश २ मे पिसिआर मेशिन अभी तक भी ना जोडईला के बाद नेकपा कम्युनिस्ट पार्टी बारा के सदस्य युवा नेता मुकेश साह प्रदेश २ सरकार उपर रुष्ट भईल बानी । एकरा साथे प्रदेश २ के अस्थायी राजधानी मे पिसिआर मेशिन जडान कईला पर भी परिक्षण विश्वासिलो ना भईला के बाद अभी बन्द कईल बा । ओ
भी प्रदेश सरकार मौन रहल उनकर सिकाईत रहल बा । एहितरे नेपाल भारत सिमा के मुख्य नाका मे रहल वीरगंज मे पिसिआर मेशिन जडान अभी भी अन्योल मे रहल बा । वीरगंज मे अभी ¥यापिड टेस्ट के काम होखे नइखे सकल ।
साथे बारा जिल्ला मे एगो मात्र जिल्ला अस्पताल कलैया अस्पताल मे कोभिड अस्पताल बनावे के निर्णय पारदर्शीता ना भईल भी प्रदेश २ सरकार के ध्यान आकर्षण करवले बानी ।
साथे उ नागरिक से निःशुल्क रुप मे मिलत आईल स्वास्थ्य सेवा बन्द करके कलैया अस्पताल के कोरोना विशेष अस्पताल बनावल गलत भईल भी बतवल बानी ।
आम नागरिक के बिश्वास के जगहा रहल कलैया जिल्ला अस्पताल के बदले जलदी से दोसर जगहा मे कोरोना अस्पताल के बिकल्प खोजेके आ एमे सम्बन्धित सभी जिल्ला बासी के आ प्रदेश सरकार के ध्यान पुगल जरुरी बा कहके बात मे जोड देहले बानी ।






