झाडी मे मिलल कटुवा पेस्तोल

वीरगंज ०६ चईत,
पर्सा के पकहामैनपुर गाँवपालिका–१ धोरे से सशस्त्र पुलीस एक थान कटुवा पेस्तोल बरामद कईले बा । सशस्त्र प्रहरी बेस क्याम्प पकहा मैनपुर धोरे के दक्षिण ओरी रहल झाडी से पेस्तोल बरामद कईले बा ।
झाडी मे लुका के राखल अवस्था मे चईत ४ गते सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक सुमन रानाभाट नेतृत्व के टोली कटुवा पेस्तोल बरामद कईल सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक दिपेन्द्र कुँवर जानकारी देहनी ।
बरामद कईल पेस्तोल जरुरी अनुसन्धान के खातिर इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरीया मे बुझावल गईल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।
पेस्तोल काहे, के आ कउन उदेश्य के खातिर राखल कहके बारेमे अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।






