कोरोना से बँचेला स्वास्थ्यकर्मी लोग के सुरक्षित राखल जरुरी : युवा नेता कुशवाहा

बारा २३ बैशाख,

विश्व ही कोरोना भाईरस से महामारी मे गुजर रहल अवस्था बा । इ समय मे स्वास्थ्यकर्मी के सुरक्षित रहल जरूरी भईल नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी के युवा नेता उमेश कुशवाहा बतावले बानी ।

प्रसौनी गाँवपालिका के स्वास्थ्य शाखा मे मेडिकल सामान देहत जनकारी कुशवाहा देहनी ।

विकसित देश मे अभितक भाईरस के दवाई पत्ता नालागे सकल अवस्था मे स्वास्थ्यकर्मी लोग अइसन एगो व्यक्ति बा जवना से अभि भाइरस से बचा रहल बा कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।

अईसन असहज परिस्थीति मे सव से पहिले प्राथमिकता मे स्वास्थ्यकर्मी लोग के सुरक्षा करे के परल युवा नेता कुशवाहा बतावले बानी ।

स्वास्थ्यकर्मी लोग सुरक्षित रह के तबही हमनी सब भाईरस से सुरक्षा लेके सुरक्षित होसकत बानी ।

प्रसौनी गाँवपालिका मे स्वस्थ्यकर्मी लोग के खातिर अति आवश्यक मेडिकल सामान ५० थान सर्जिकल मास्क आ ५० थान ग्लबस गाँवपालिका के स्वास्थ्य संयोजक सुरेस साह के हस्तान्तरण कईनी ।

ई विपद के घडि मे सव कोई आ–आपन ठाँव से इच्छा मुताविक के सहजोग करे के सभी मे निहोरा समेत कुशवाहा कईले बानी ।

लकडाउन के समय मे घर मेही रह के आपने आ आपन घरपरिवार के कोरोना भाईरस से बचे खातिर निहोरा कइनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।