सबेरे पडल टाडका से पाण्डेपुर के ६ बरीस के लइकी के मृत्यु

मेघराज राय
जीराभवानी २५ बैशाख
पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका वार्ड नम्बर २ पाण्डेपुर मे आजु सबेरे पडल पानी सहित के पानी आ मेघगर्जदा टाडका के डर से एक लइकी के बेहोस होके मृत्यु भईल बा ।
मृत्यु होखेवाला मे वार्ड नम्बर २ पाण्डेपुर के राजु साह तेलि के ६ बरीस के बेटी उषा कुमारी साह रहल पुलीस जनवले बा ।
मृतक लइकी के लास के पोस्टमार्टम के खातिर वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे पठावल गईल ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरिक्षक चन्द्र कुमार सिंह बतवनी ।
घटना के बारे मे बिस्तृत जानकारी लास के पोस्टमार्टम के बाद आवेके प्रहरी निरिक्षक सिंह बतवनी ।






