गौतमबुद्ध के उपदेश विश्व मे लोकप्रिय : अध्यक्ष दाहाल

काठमाण्डु २५ वैशाख
नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) के अध्यक्ष एवम् पूर्वप्रधानमन्त्री पुष्पकमल दाहाल ‘प्रचण्ड’ नेपाल के भूमि मे जनम के मानव कल्याण के साथे विश्व शान्ति के खातिर बडका योगदान देहल गौतमबुद्ध के उपदेश विश्व मे लोकप्रिय रहल बतवले बानी ।
२५६४ वाँ बुद्ध जयन्ती तथा लुम्विनी दिवस के अवसर मे स्वदेश तथा विदेश मे रहल नेपाली जनसमुदाय तथा विश्वभर के बौद्धमार्गी मे आजु एगो शुभकामना जारी करत उ सामाजिक, सांस्कृतिक ऐक्यबद्धता, सद्भाव आ सहिष्णुता हि नेपाली समाज के विशेषता भईल जनवले बानी ।
शुभकामना सन्देश मे कहल गईल बा, “बुद्ध से विश्व मानवजात के खातिर सही ज्ञान हासिल करे खातिर भौतिकवादी तरिका से सत्य के तथ्यगत अन्वेषण करेवाला सूत्रसब खोजला से सभी नेपाली गर्व करे सकेके उल्लेख बा ।
बुद्धजयन्ती अभी संसारभर फईलल कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) विरुद्ध लडेके तागत आ ऊर्जा पैदा होखे सकेके विश्वास व्यक्त करत ओकरा विरुद्ध लडेके आ विजय प्राप्त करे खातिर बुद्ध के उपदेश से उच्च मनोबल पैदा करत ई महामारी के विषम परिस्थिति से लडेमे मद्दत मिलेके विश्वास व्यक्त कईले बानी ।
एहितरे अध्यक्ष दाहाल आजु हि पडल किराँत (राई, लिम्बू, सुनुवार आ याक्खा) समुदाय के उभौली पर्व के उपलक्ष्य मे स्वदेश तथा विदेश मे रहल सभी किराँत समुदाय मे सुख, शान्ति, समृद्धि आ आपसी भाइचारा के उत्तरोत्तर प्रगति के कामना भी कईले बानी ।




