नेपाल के नक्सा के पडोसी आ अन्तर्राष्ट्रिय समुदाय से सम्मान करेके पडि : परराष्ट्र मन्त्रालय

काठमाण्डु १५ भादो

सरकार नेपाल के नक्सा के पडोसी देश सहित अन्तर्राष्ट्रिय समुदाय से सम्मान करेके बतवले बाडन । चीन अभी जारी कईल आपन मानक नक्सा मे नेपाल के चुच्चे नक्सा ना समेटला के बाद परराष्ट्र मन्त्रालय विज्ञप्ति जारी करत अईसन बतवले बा ।

’नेपाल के संसद से सर्वसम्मति से स्वीकृत कईल राजनीतिक आ प्रशासनिक नक्सा मे नेपाल दृढ आ स्पष्ट खडा भईल बा । ई नक्सा के हमनी के पडोसी आ अन्तर्राष्ट्रिय समुदाय से सम्मान करेके पडि,’ परराष्ट्र मन्त्रालय के विज्ञप्ति मे कहल गईल बा । सीमा विवाद वार्ता आ कूटनीति से समाधान करे खातिर प्रतिबद्ध रहल सरकार के कहनाम बा ।

२०७७ जेठ ३१ गते संविधान संशोधन करत कालापानी, लिपुलेक आ लिम्पियाधुरा समेटके चुच्चे नक्सा जारी करे खातिर संसद से अनुमोदन कईले रहे । ओकरा से पहिले सरकार जेठ ७ गते उ भूभाग के समेट के नयाँ नक्सा सार्वजनिक कईले रहे । उ समय संविधान संशोधन करे खातिर सभी दलसब एकमत भईल रहलन । नेपाल तथा विदेशीलोग उहे नक्सा के प्रयोग करत आ रहल बा ।

चीन बितल सोमार के दिने जारी कईल आपन मानक नक्सा मे पडोसी देशसब के नक्सा सार्वजनिक कईला पर नेपाल के पुराना नक्सा प्रयोग कईले रहे । उहे विषय के लेके नेपाल मे चीन के तेज विरोध होत आ रहल बा ।

प्रधानमन्त्री पुष्पकमल दाहाल शुक के सबेरे नेपाल के खातिर चिनियाँ राजदूत छन् सङ के बोलाके पुराना नक्सा प्रयोग कईल बारेमे चासो रखले रहलन । एहितरे नेपाल के चुच्चे नक्सा के मान्यता ना देहल बारेमे प्रधानमन्त्री दाहाल चिनियाँ पक्ष से छलफल करेके भईल बा । नेकपा माओवादी केन्द्र के प्रवक्ता अग्नि सापकोटा पुराने नक्सा प्रयोग कईल बारेमे प्रधानमन्त्री भ्रमण के समय मे चिनियाँ पक्ष से बात राखेके बतवनी ।

नक्सा के बारे मे प्रधानमन्त्री के चीन भ्रमण के समय मे छलफल होखी ः प्रवक्ता सापकोटा

नेकपा (माओवादी केन्द्र) के प्रवक्ता अग्निप्रसाद सापकोटा चीन से जारी कईल नयाँ नक्सा के बारे मे कूटनीतिक माध्यम से बात करेके बतवले बानी ।

पार्टी केन्द्रीय कार्यालय मे आजु आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे उ प्रधानमन्त्री एवं पार्टी अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल ‘प्रचण्ड’ के चीन भ्रमण के समय मे उ विषय मे छलफल होखेके बतवनी ।

“चीन से जारी कईल नक्सा के बारे मे कूटनीतिक माध्यम से बात करेके पडि । कूटीतिक पहलकदमी बढावेके पडि”, प्रवक्ता सापकोटा कहनी, “प्रधानमन्त्री के चीन भ्रमण के समय मे बातचीत होखी ।” नक्सा जईसन महत्वपूर्ण विषय के काहे ना समेटल गईल कहके बारेमे कूटनीतिक माध्यम से बात करेके उनकर कहनाम रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।