नेपाली कांग्रेस पार्टी के पुर्व उपसभापति के निधन

प्रभु यादव

बारा २६ बैशाख

नेपाली कांग्रेस बारा के पुर्व उपसभापति महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्बर २ बरियारपुर निवासी ८१ वरीस के ध्रुव प्रसाद गड्तौला के निधन भईल बा ।

नेपाली काँग्रेस पार्टी बारा गड्तौला के असमायिक निधन से स्तब्ध आ अत्यन्त दुःखीत भईल शोक संन्देश देहत जनकारी करावले बा ।

नेपाली कांग्रेस बारा के २०३६ साल से २०५७ साल तक जिल्ला कार्य समिति सदस्य रहके प्रजातान्त्रिक आन्दोलन मे बेर बेर जेल जीवन बितावल पार्टी सभापति जयचन्द्र चौरसिया जनकारी करावले बानी ।

जिल्ला विकास समिति बारा के पुर्व उपसभापति, रामराजा (मो.वि.शाह) बहुमुखी क्याम्पस कलैया के पुर्व अध्यक्ष, नेपाल बाल संगठन के अध्यक्ष समेत रहल बतावत चौरसिया गड्तौल बहुत समय से मृगौला आ हृदयाघात विमारी से परेशान रहल रहनी ।

उनकर निधन से नेपाली कांग्रेस बारा के अपुर्णिय क्षति पुगल जनकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।