कोरोना विशेष अस्पताल सञ्चालन मे

जनकपुरधाम, २७ वैशाख

प्रदेश नं २ मे कोरोना भाइरस के रोकथाम आ ईलाज मे आउर सहजोग पुगावे खातिर इहाँ के नर्सिङ क्याम्पस के हाता मे लेभल–२ के ‘कोरोना विशेष अस्पताल’ सञ्चालन मे आईल बा ।

प्रदेश सरकार से सञ्चालन मे लियावल उ विशेष अस्पताल मे सम्भावित कोरोना सङ्क्रमित गर्भवती के प्रसूति साथे शल्यक्रिया करेके भी व्यवस्था रहल बा ।

५० श्यया के उ विशेष अस्पताल मे आठ श्यया मे आइसीयू के व्यवस्था रहल सामाजिक विकास मन्त्रालय के सचिव डा रामप्रसाद घिमिरेजानकारी करवनी ।

जनकपुरधामस्थित प्रादेशिक अस्पताल मे सञ्चालित लेभल–१ के उ कोरोना अस्पताल से सिफारिस कईल मध्यम, जटिल आ अतिजटिल मरेजी के उ विशेष अस्पताल मे ईलाज होखेके उ जानकारी देहनी ।

उ विशेष अस्पताल सञ्चालन मे अईला के बाद कोरोना के ईलाज मे महत्वपूर्ण योगदान पुगेके विश्वास कईल बा ।

एकरा साथे साथे विशेष अस्पताल सञ्चालन करेके प्रदेश सरकार के नीति मुताविक पर्सा के पोखरिया–४ स्थित अस्पताल मे आठ श्यया के आइसोलेसन कक्ष भी सञ्चालन मे आईल बा ।

एहितरे प्रदेश नं २ के कोरोना सङ्क्रमण से बेसी प्रभावित वीरगंज के छपकैया मे आजु आ एतवार के दिने करके दु आउर जनशक्ति के साथे स्वाब के नमूना सङ्कलन काम मे तेजी लिआई ।

वीरगंज के वार्ड नं १, २ आ ३ के स्थानीय प्रशासन ‘सिल’ करके कन्टयाक्ट ट्रेसिङ आ स्वाब के नमूना सङ्कलन काम जारी रखले बा ।

उ जगहा मे एके परिवार मे १७ जने मे कोरोना भाइरस मिलला के बाद उ परिवार के आसपास के १८ परिवार के साथे सम्पर्क मे आईल आदमी के पहिचान करके स्वाब के नमूना सङ्कलन काम के प्रमुखता के साथ अगाडि बढावल गईल बा ।

उ क्षेत्र मे स्वाब सङ्कलन काम मे तेजी लियावे खातिर स्वास्थ्य मन्त्रालय के ‘भाइरल ट्रान्सपोर्ट मिडियम’ (भिटीएम) सहित के जनशक्ति के साथे प्रदेश सरकारके प्रतिनिधि, स्वास्थ्यकर्मी के टोली, प्रादेशिक स्वास्थ्य तालिम केन्द्र पथलैया, नारायण अस्पताल के साथे पर्सा के स्वास्थ्य संस्था के स्वास्थ्यकर्मी उ काम मे जुटल बाडन ।

सिल कईल उ क्षेत्र मे शुक के दिने २६२ जने के स्वाब के नमूना सङ्कलन कईले रहे आ अभी तक तीन हजार १७३ के उ काम कईल बा ।

उ मेसे अभी तक मे दु हजार ३९३ के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा आ ७५० जने के रिपोर्ट आवेके बाँकी बा ।

ई प्रदेश मे अभी तक ३० कोरोना सङ्क्रमित भईल बाडन ।

दु जने ईलाज करा के घर फिर्ता भईल बाडन ।

२८ जने के वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।