रास्ता के पाँक हटा के संचालन करे ला कलैया उपमहानगरपालिका के निर्देशन

प्रभु यादव

बारा २८ असाढ

मानवत मटिअर्वा सडक अन्तरगत देवकोटा चोक से भरत चोक तकले हुलाकी सडक बिगडल जवना के सडक तत्काल मर्मत सम्भार कर के कलैया उप महानगरपालिका के बारा जिल्ला प्रशासन कार्यालय निर्देशन देहले बा ।

प्रशासन कार्यालय से मर्मत अवधी सावन ३ गते तक छोटका आ बडका सवारी साधन आवत जावत करे के निशेध कईल गईल आ रुट परिवर्तन कर के चलावे के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रूद्र प्रसाद पाण्डे जानकारी करावले बानी ।

मुआब्जा समय मे बुझ के रास्ता बनावे खातीर समय मे सहयोग करे के जगह मुद्दा मामिला कईला से रास्ता ना बने सकल प्रजिअ पाण्डे जनकारी देहनी ।

समय मे मुअब्जा उठा के ठाव खाली कर देहले रहईत लोग त अईसन ना आईल रहईत पाण्डे जनकारी करवनी ।

बारा जिल्ला मे ४ महिना के अवधि मे ८५ जने करिब ६ करोड भुक्तानी लेहले बा पाण्डे जनकारी करवले बानी ।

विकास  मेअवरोध कईला से आपने नोक्सानी होला पाण्डे जनकारी करावले बानी । अषाढ महिना भर वर्षा भईला से दिन्हु गाडी सब रास्ता मे फसेला जवना के स्थानिय सरकार कवनो वास्ता ना कईला वाद निर्देशन कईल गईल जनता लोग के कहनाम बा ।

बहुते जरुरी मरेजी लेके आईल एम्बुलेन्स तक फँसला से सस्ती होरहल देखला वाद प्रशासन कार्यालय से निर्देशन कईल गईल रमेश साह जानकारी करवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।