दूतावास अगाडि प्रदर्शन करेवला ३३ विद्यार्थी पकडईलें

काठमाण्डु २७ वैशाख

नेपाली भूमि मे भारत सडक बनावल कहत ओकर विरोध मे इहाँ स्थित भारतीय दूतावास अगाडि प्रदर्शन मे उतरल ३३ विद्यार्थी के पुलीस पकडले बा ।

लकडाउन उल्लङ्घन कईला से उलोग के आजु पकडल महानगरीय प्रहरी परिसर काठमाण्डु के प्रमुख, प्रहरी वरिष्ठ उपरीक्षक श्यामलाल ज्ञवाली जानकारी देहनी ।

विद्यार्थी राष्ट्रिय झण्डा सहित प्लेकार्ड लेके उ दूतावास अगाडि प्रदर्शन करे पुगल रहे ।

सत्तारुढ नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) निकट विद्यार्थी अईसे प्रदर्शन कईल जनवले बा ।

उहे समय मे विद्यार्थी नेता सुदेश पराजुली, यशु लामा, महेश श्रेष्ठ, अशोक थापा, मेघनाथ चापागाईं लगायत ३३ जने पकडाईल बाडन ।

नेपाल के भूगोल मे रहल लिपुलेक, कालापानी से चीन के स्वशासित क्षेत्र तिब्बत के मानसरोवर जोडेवाला सडक ट्र्याक के उद्घाटन कईल समाचार भारत के सङ्घीय रक्षामन्त्री राजनाथ सिंह ट्वीटमार्फत सार्वजनिक कईल जनावल गईल बा ।

ई बारे मे परराष्ट्रमन्त्री प्रदीपकुमार ज्ञवाली अनेकन सञ्चारमाध्यम से उ क्षेत्र मे पिछिलका भारतीय गतिविधि के बारे मे जानकारी मिलल आ ई बारेमे स्पष्ट विवरण देवे खातिर भारतीय दूतावास मार्फत भारत सरकार समक्ष माग कईल बतवले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।