पईसा उठावे मे प्रहरी नायब निरीक्षक यादव सहित ११ जने उपर करावाही

वीरगंज ०५ सावन

बारा के प्रहरी चौकी पथलैया मे बितल एक महिना ना बितत प्रहरी नायब निरीक्षक श्यामबाबु यादव सहित ११ जने कारवाही मे पडल बाडन । प्रहरी चौकी पथलैया मे श्यामबाबु यादव जाते मातर चन्दाआतंक मचावला के चलते जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा कारवाही के खातिर तनले बा ।

एक महिना अगाडी इलाका प्रहरी कार्यालय प्रसौनी मे कार्यरत रहल प्रहरी नायब निरीक्षक श्यामबाबु यादव के चन्दाआतंक बढला के बाद जिल्ला प्रहरी कार्यालय तनले रहे माकिर आपन पावर आ सत्ता के प्रयोग करत फेनु प्रहरी चौकी पथलैया के कमान्ड सम्हारेमे सफल भईल यादव एक महिना ना बितते दुसरका बेर कारवाही मे पर के जिल्ला तानाईल बाडन ।

आर्थिक कलेक्सन के चलते बेर बेर बिबाद मे परत आईल प्रहरी नायब निरीक्षक श्यामबाबु यादव के आतंक के बिषय मे पथलैया के स्थानीयलोग जानकारी करवले रहलन ।

प्रहरी चौकी पथलैया के ईन्चार्ज श्यामबाबु यादव सहित कार्यरत सभी ११ पुलीस के जिल्ला बोलाके घटना के अनुसन्धान सुरु कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी देहनी । उ ११ जने के बोला के, नयाँ ११ जने पुलीस के पठावल गईल बतवनी । निषेधाज्ञा के समय मे रोपेया कमाएके अवसर के रुप मे प्रयोग करत आईल पथलैयास्थित प्रहरी चौकी आ प्रदेश ट्राफिक कार्यालय उपर कारबाही सुरु भईल प्रहरी नायब उपरीक्षक मिश्र जानकारी देहनी । प्रदेश ट्राफिक कार्यालय पथलैया मे केन्द्रीय प्रहरी विभाग के टोली अनुसन्धान तथा जरुरी विभागीय कारबाही करेके आ तानाईल ११ जने उपर खुदसब कारवाही करेके बतवनी ।

निषेधाज्ञा के समय मे पास बिना चलल सार्वजनिक यात्रुबस से दुनु चेकपोस्ट दु हजार रोपेया तक लेत रहलन । दुनु चेक पोस्ट मे बहुते रोपेया लेहला के बाद ओकर भुक्तानी यातायात व्यवायी सर्वसाधारण से असुलत यात्रु से बेसी भाडादर मे यात्रा करेके पडल रहे । नेपाल पुलीस आ ट्राफिक पुलीस के संयुक्त मिलीभगत मे सवारी साधन के साथे स्थानीय दोकानदार से भी रोपेया उठईला के चलते कारवाही करे लागल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।