नेपाली भूमि अतिक्रण विरुद्ध तत्काल कदम चालेके पडि : प्रवक्ता श्रेष्ठ

काठमाण्डु २७ वैशाख,

नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) के प्रवक्ता नारायणकाजी श्रेष्ठ नेपाली भूमि मे भारत से सडक बनावल विषय मे सरकार तत्काल कदम चालेके बतवले बानी ।

पूर्व परराष्ट्रमन्त्री भी रहल प्रवक्ता श्रेष्ठ भारत अनधिकृतरूप मे कब्जा कईल आ खुदे भी विवादित कहके स्वीकार कईल पश्चिम सीमाक्षेत्र मे सडक बनईला मे आपत्ति प्रकट करत उ माग कईले बानी ।

सामाजिक सञ्जाल ट्वीटर मे आजु ट्वीट करत प्रवक्ता श्रेष्ठ कहनी कि, “नेपाली भूमि मे सडक बनाके शुक के दिने उद्घाटन कईल काम उपर घोर आपत्ति प्रकट करत भत्र्सना करत बानी ।”

उ हमनी सभी कोरोना विरुद्ध लड रहल अवस्था मे कईल ई अतिक्रमण विरुद्ध सरकार से तत्काल कदम चालेके बिचार रखले रहनी ।

भारत से एकतर्फीरूप मे नेपाल के भूगोल मे रहल लिम्पियाधुरा, लिपुलेक आ कालापानी से चीन के स्वशासित क्षेत्र तिब्बत के मानसरोवर जोडेवाला सडक ट्र्याक के उद्घाटन कईल समाचार दु मित्र राष्ट्र बीच थाती रहल लिपुलेक कालापानी विवाद के नयाँ चरण मे प्रवेश करवले बा ।

भारत के सङ्घीय रक्षामन्त्री राजनाथ सिंह शुक के दिने ट्वीट करत अब भारतीय तीर्थयात्री के मानसरोवर के यात्रा करेमे सहज होखेके कहत प्रसन्नता व्यक्त कईले रहनी ।

नेपाल सरकार नेपाली भूमि मे सडक निर्माण कईल बारेमे स्पष्ट विवरण देवे खातिर दूतावास मार्फत निहोरा कईल स्पष्ट कईले बा ।

एकरा से पहिले भारत सरकार नेपाल के दार्चुला जिल्ला मे पडेवाला लिम्पियाधुरा, लिपुलेक आ कालापानी क्षेत्र मे अनेकन सैनिक असैनिक गतिविधि करत आईल बा ।

भारत उ क्षेत्र के आपन क्षेत्र मे गाभी नक्सा सार्र्वजनिक कईला के बाद सरकार कुछ पहिले आपत्ति जनवले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।