भारत सँगे के बाकी रहल समधान विषय लगावे के समय आईल बा :- प्रम

काठमाण्डु ७ माघ,
प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली नेपाल आ भारतबीच के थाती रहल द्विपक्षीय विषय कूटनीतिक संवाद से टुङ्गो लगावे के समय आईल बतवले बानी ।
विराटनगरस्थित एकीकृत भन्सारचौकी के आजु भारतीय समकक्षी नरेन्द्र मोदी सँगे भिडियो कन्फरेन्स मार्फत उद्घाटन करत प्रधानमन्त्री ओली आपसी सम्बन्ध नयाँ उचाइ मे पुगला से एकरा आधार मे आपसी सहमति आ साझेदारी के विषय के ‘एक्सन’ मे उतारेके समय आईल स्पष्ट कइनी ।
ओकरा खातिर सम्बन्धित मन्त्री आ मन्त्रालय कार्यसूची तय करेके जनावत प्रधानमन्त्री ओली नेपाल आ भारत इतिहास, भूगोल आ संस्कृति के हिसाब से लगे के पडोसी भईल नाता से आपसी सहकार्य के वृद्धि करेके बात मे जोड देहनी ।
सिंहदरबार स्थित प्रधानमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद् के कार्यालय से सम्बोधन के समय मे प्रधानमन्त्री ओली नेपाल से लेहल ‘समृद्ध नेपाल, सुखी नेपाली’ के सोच जइसन भारतीय प्रधानमन्त्री मोदी के ‘सब के साथ, सबका विश्वास’ के नारा रहल उल्लेख करत वितल समय मे खुद भारत भ्रमण मे गईला पर वीरगंज स्थित एकीकृत जाँचचौकी तथा पाँच महिना पहिले मोतीहारी–अमलेखगञ्ज पेट्रोलियम पाइपलाइन परियोजना के संयुक्त उद्घाटन कईल स्मरण कइनी ।
प्रधानमन्त्री ओली भूकम्प के बाद के पुनःनिर्माण तथा अभी गोरखा आ नुवाकोट मे निजी भवन निर्माण मे कईल सहजोग के खातिर भारत सरकार के धन्यवाद देहनी ।
प्रधानमन्त्री ओली आपन स्वास्थ्यस्थिति के बारे मे चासो देके शीघ्र लाभ के कामना कईला मे भी भारतीय समकक्षी के धन्यवाद देत आपन स्वास्थ्य सुधरत गईल जानकारी देहनी । भारतीय प्रधानमन्त्री मोदी के नेपाल भ्रमण मे आवे खातिर फेनु निमन्त्रण मे देत उ खुद स्वागत करे खातिर तत्पर रहल बतवनी ।
मोदी नेपाल अइहें
जवाफ मे भारतीय प्रधानमन्त्री मोदी उ एकीकृत जाँचचौकी के सञ्चालन दु देशबीच के तेज विकास के प्रतीक भईल जनावत ई सम्पर्क सञ्जाल विस्तार कईला के साथे काम के सरल बनावे के बतवनी ।
रक्सौल आ जोगबनी मे एकरा से हि अइसन जाँचचौकी सञ्चालन भईल आ बितल बरीस वीरगंज मे जाँचचौकी के सञ्चालन कईल स्मरण करत उ आवेवाला दिन भी आउर कउनो स्थल मे एकीकृत जाँचचौकी के निमार्ण करेके बतवनी ।
गोरखा भूकम्प मे नेपाली से भोगेके पडल दर्द आ त्रासदी मे पहिलका उद्धारक के रुप मे भारत सहजोग कईल उल्लेख करत उ अभी निर्माणाधीन भवनसब बरियार होखेके अपेक्षा व्यक्त कइनी ।
प्रधानमन्त्री मोदी खुद ई बरीस सन् २०२० मे पक्के नेपाल आवेके जनावत कहनी कि, “ई बरीस हम नेपाल आवेके कार्जक्रम मिलाएम । जरुर नेपाल आ नेपाली के दर्शन करेम ।”






