नेविसंघ के नेता कार्यकर्ता के तत्काल छोडे खातिर तरुण दल पर्सा के माग

वीरगंज २९ बैशाख
नेपाली भूमि लिपुलेक अतिक्रमण के विरोध प्रदर्शन मे उतरल नेविसंघ के नेता–कार्यकर्ता के पुलीस पकडले बा । नेविसंघ महामन्त्री वलदेव तिमिल्सिना के नेतृत्व मे प्रदर्शन मे उतरल २ दर्जन से बेसी विद्यार्थी के आजु दुपहरिया ४ बजे माइतीघर मण्डला से पकडले बा ।
सीमा अतिक्रमण के विरोध मे प्रदर्शन मे उतरल आपन नेता–कार्यकर्ता के पुलीस नियन्त्रण मे लेहल कहत नेपाल तरुण दल पर्सा के सचिव बिबेक कुमार चौरसिया एक विज्ञप्ति जारी करत पकडाईल लोग के तत्काल बिना शर्त रिहाई करेके माग कईले बाडन ।
नेपाल बिद्यार्थी संघ केन्द्रिय समितिद्वारा आयोजना कईल शान्तिपुर्ण आन्दोलन उपर हस्तक्षेप करके नेपाल बिद्यार्थी संघ के केन्द्रिय अध्यक्ष राजिब ढुंगाना के साथे आउर पदाधिकारी लगायत के पकड के नेपाल पुलिस क्लब प्रदर्शनी मार्ग काठमाण्डु मे राखल घटना उपर नेपाल तरुण दल पर्सा घोर भत्सर्ना कईले बा ।
नेपाल बिद्यार्थी संघ के केन्द्रिय अध्यक्ष ढुंगाना लगायत आउर पदाधिकारी आ सभी नेतालोग के बिना शर्त तुरुन्त रिहाई के माग करत खुदसब के माग के सुनुवाई ना भईला पर नेपाल तरुण दल पर्सा कडा आन्दोलन करेमे बाध्य होखेके विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।






