पूर्वराजा ज्ञानेन्द्र के पुराना सवारी पास रद्द, गृह नयाँ पास ना देहलख

काठमाण्डु १ जेठ
लकडाउन के चलते झापा मे अडकल पूर्वराजा ज्ञानेन्द्र आ पूर्वरानी के जिल्ला प्रशासन कार्यालय आजु काठमाण्डु आवेके पास देके आजु रद्ध कईले बा ।
गृह मन्त्रालय के निर्देशन के बाद प्रमुख जिल्ला अधिकारी उदयबहादुर रानामगर पास रद्द कईले बाडन ।
निजी भ्रमण मे झापा पुगल पूर्व राजदम्पत्ति लकडाउन सुरु भईला के बाद उहें रुकल रहलन ।
लकडाउन बढत गईला के बाद उलोग काठमाण्डु आवेके चाहत बाडन ।
पूर्वराजा के सहजोगी इमेल मार्फत अनुमतिपत्र के खातिर निवेदन देहला के बाद जिप्रका तत्काल उपलब्ध करवले रहे ।
माकिर, फेनु गृहमन्त्राल प्रक्रिया ना पुगल कहला के बाद ओकरा के रद्द कईल प्रजिअ रानामगर बतवनी ।
“सहमति लेके मात्र पास देवेके चाहिंत, हमनी सुरु मे ना लेके देहनी,” कहत उ, “अभी फेनु सहमति के खातिर प्रक्रिया अगाडि बढावल गईल बा ।”
गृह से सहमति देहते मातर तुरुन्त ई–पास उपलब्ध करावेके रानामगर बतवनी ।
पास उपलब्ध भईला पर पूर्वराजा रानी शुक के दिने काठमाण्डु फिर्ता जाएके चहले बाडन ।
उलोग के साथ मे पूर्वराजा के संवाद सचिव फणिराज पाठक के मुताविक पूर्वराजा रानी निजी प्रयोजन मे बितल चईत २ गते झापा गईल रहलन ।
चईत ११ गते से सरकार लकडाउन कईला क बाद उलोग फिर्ता होखे ना सकलन ।
उलोग के साथ मे पूर्वाराजा के निजी सचिव सागर तिमल्सिना भी बाडन ।
झापा मे पूर्वराजपरिवार के चियावगान बा ।
अभी उलोग उहें रहल घर भितर बईठल बाडन ।
पूर्व राजारानी लकडाउन के पूर्ण पालना करके बईठरहल संवाद सचिव पाठक बतवनी ।
पूर्व युवराज्ञी हिमानी कहनी कि आपन बेटा बेटी सहित बैंकक मे बाडन ।






