प्रदेश २ प्राविधिक शिक्षा के हब बन सकता : मुख्यमन्त्री राउत

वीरगंज ६ वैशाख
प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत प्रदेश २ के प्राविधिक शिक्षा के हब बनावे सकेके बतवले बाडन । ओकरा खातिर प्रदेश सरकार काम अगाडि बढावल उनकर कहनाम बा ।
वीरगंज मे प्रदेश सरकार से स्थापना करे लागल विज्ञान तथा प्रविधि विश्वविद्यालय के बारे मे ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस मे सोमार के दिने आयोजना कईल बतकही मे मुख्यमन्त्री राउत वीरगंज के प्राविधिक शिक्षा के हब बनावेके बतवनी ।
‘सीटीईभीटी प्रदेश सरकार के मातहत मे होखेके चाहिं, शिक्षा मन्त्रालय के असहजोग से हमनी प्राप्त करे सकल नइखे । ओमे विलम्ब होखेके देखला के बाद प्रदेश प्राविधिक शिक्षा बोर्ड गठन के खातिर विधेयक सदन मे पेश कईल गईल बा,’ कहत उ, ‘निजी होखो भा सामुदायिक विद्यालय नर्सिङ, कृषि होखो भा का प्राविधिक विषय पढावेके खोजेलन । सामुदायिक विद्यालय के त अनुमति आ पईसा दि, उनका के सजिलो अनुमति दि ।’
उ वीरगंज मे पहिले हि विश्वविद्यालय बनेके केन्द्र सरकार के उदासिनता के कारण सम्भव ना भईल जिकिर कइनी । वीरगंज मे स्थापना होखेके विज्ञान तथा प्रविधि विश्वविद्यालय के खातिर मन्त्रिपरिषद सैद्धान्तिक स्वीकृति देहले बा ।






