सप्तरी के संक्रमित युवक के सम्पर्क मे आईल २३ जने के रिपोर्ट नेगेटिभ
सप्तरी १ जेठ,
कोरोना संक्रमित सप्तरी के युवक के सम्पर्क मे आईल २१ जने के स्वाब परीक्षण नेगेटिभ आईल बा ।
जिल्ला के डाक्नेश्वरी नगरपालिका– ३ हटैल टोल के १८ बरीस के युवक मे बितल वैशाख २९ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
संक्रमित युवक के राजविराजस्थित गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल के आइसोलेसन कक्ष मे ईलाज हो रहल बा ।
उनकर सम्पर्क मे आईल उनकर माई, ईया आ बाबा सहित २३ जने के स्वाब परीक्षण रिपोर्ट नेगेटिभ आईल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय प्रमुख दुनिया लाल यादव बतवनी ।
संक्रमित युवक के बितल वैशाख २५ गते स्वाब परीक्षण कईल रहे ।
माकिर रिपोर्ट ना आवते उनका के क्वारेन्टाइन से घर पठावल गईल रहे ।
रिपोर्ट ना आवते उलोग सँगे क्वारेन्टाइन मे राखल १२ जने सहित उनकर सम्पर्क मे गईल २१ जने के स्वाब परीक्षण कईल रहे ।
धरानस्थित बीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे उलोग के स्वाब परीक्षण कईला पर नेगेटिभ आईल स्वास्थ्य प्रमुख यादव जानकारी देहनी ।
पहिलका बेर स्वाब परीक्षण नेगेटिभ अईला पर भी उनकर माई, ईया आ बाबा के फेनु परीक्षण करेके कहत यादव तत्काल के खातिर उलोग के पातोस्थित कन्त चन्द्र मावि के क्वारेन्टाइन मे राखल बतवनी । आउर के घर पठावल गईल बा ।
एहितरे, संक्रमित युवक के कईल कन्टयाक्ट ट्रेसिङ्ग मे उलोग सँगे आउर २१ जने सम्पर्क मे रहल मिलला से उलोग के भी स्वाब परीक्षण करेके यादव बतवनी ।






