बारा के सई कोरोना संक्रमित

प्रभु यादव

बारा ०३ जेठ

जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे कार्यरत एक जने प्रहरी नायब निरिक्षक (सई) मे कोरोना भाइरस के संक्रमण भईल बा ।

बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित सई मे कोरोना संक्रमण भईल टेकु अस्पताल से पुष्टि भईल जनावले बानी ।

बारा के प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र आपना सब के जानकारी आईला वाद सम्पर्क मे आईल ३१ जने पुलीस जवान के क्वारेन्टाईन मे रखल गईल जनकारी करावले बाडन ।

‘उनकर सम्पर्क मे आइल लोग के स्वाब संकलन कर के परीक्षण के खातिर काठमाण्डु पठावे के तइयारी कईल जारहल मिश्र जनकारी करावले बानी ।

सई के बुखार लागला पर वीरंगज नारायणी अस्पताल मे स्वाब चेक करावला पर पोजिटिभ भेटल जनकारी देहनी ।

सई जवान प्रहरी मुद्दा शाखा मे कार्यरत भईला से जिल्ला सरकारी वकिल के कार्यालय सहित जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे कार्यरत कर्मचारी लोग के पीसीआर परीक्षण के खातिर स्वाब संकलन कईल गईल बा ।

प्रहरी कार्याल आ जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे सेनिटाईज के छिडकाव कईल जारहल जनकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।