नेपाल मे कोरोना भाईरस से पहिलका बेर एक जनानी के मृत्यु

काठमाण्डु ३ जेठ
नेपाल मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) से एक जने के मृत्यु भईल बा ।
सिन्धुपाल्चोक बाह्रेबिसे के २९ बरीस के जनानी के कोभिड–१९ से मृत्यु भईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय पुष्टि कईले बा ।
उनकर १० दिन पहिले त्रिवि शिक्षण अस्पताल मे नर्मल डेलिभरी भईल रहे । माई बेटा दुनु के स्वास्थ्य सामान्य रहे आ उलोग २५ गते डिस्चार्ज होके घर गईल रहलन ।
माकिर उनका बोखार आ खोकी लागला के साथे स्वासप्रश्वास मे समस्या आईल ।
बाह्रबिसे प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र मे ईलाज कईला पर ठिक ना भईला के बाद धुलिखेल अस्पताल लियावे के समय रास्ता मे उनकर मृत्यु भईल बा ।
कोरोना से मिलेजुलेवाला लक्षण देखल गईल बतईला से उनकर पीसीआर विधि से परीक्षण कईला पर रिपोर्ट पोजेटिभ आईल ।
राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे भी उनकर रिपोर्ट पोजेटिभ हि आईल बा ।
यद्यपि उनकर मृत्यु कोरोना के चतले भईल घोषणा करेसे पहिले स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय शनिचर के दिने हि अध्ययन टोली धुलिखेल अस्पताल मे पठवले रहे ।
टोली के रिपोर्ट के आधार मे मन्त्रालय उनकर मृत्यु कोरोना के चलते भईल घोषणा कईले बा ।
मन्त्रालय शनिचर के सँझिया विज्ञप्ति जारी करत कहले बा, ‘‘विस्तृत विवरण लेहल गईल आ कोभिड–१९ से सम्वन्धित आउर परीक्षण के बाद नेपाल मे कोभिड–१९ से मृत्यु भईल पहिलका घटना भईल पुष्टि भईल बा ।’
कईसे होखी अन्त्येष्टि ?
कोभिड–१९ के चलते मृत्यु भईल आदमी के लास व्यवस्थापन के खातिर सरकार अलगे कार्यविधि बनवले बा ।
उ मुताविक हि मृतक के लास धुलिखेल अस्पताल से नेपाली सेना के टोली काठमाण्डु लिआईल बा । सुरु मे एम्बुलेन्स मे परिवार के सदस्य के राखल गईल रहे, जउना मे उनकर मरद भी रहलन ।
ओकरा बाद पुलीस के स्कटिङ आ शव बाहन मे मृतक के लास राखल रहे । ओकरा बाद फेनु सेना स्कटिङ कईले रहे ।
मृृतक के शनिचर के दिने हि पशुपति आर्यघाट स्थित विद्युतीय शवदाह गृह मे अन्त्येष्टि कईल बा ।
कार्यविधि मुताविक अन्त्येष्टि मे सहभागीलोग पञ्जा, चस्मा, टोपी, मास्क सहित पीपीई लगावेके पडि । मृतक के आफन्त के लास छुवेके ना मिली ।
आफन्त से देखेके चाहला पर कम्ति मे एक मिटर दुर से एक एक जने के पालहा से देखे देहल जाई आ आपन परम्परा मुताविक लास के ना छुके जल छिटेके, पाठ करेके तथा फूलमाला चढावेवाला जईसन क्रियाकलाप करे मिली ।
ससुरा आ नइहर गाँव सिल
एहितरे मृतक के ससुरा आ नइहर गाँव के सिल कईल बा । मृतक के घर बाह्रबिसे नगरपालिका–९ राम्चे आ नइहर गाँव बलेफी गाँवपालिका ७ आ ८ के सिल कईल सिन्धुपाल्चोक के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी बाबुराम खनाल जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक नइहर गाँव से आफन्तलोग भेट करे गईला से गाँव भी सिल कईल बा । सिल कईल वार्ड के कउनो आदमी के बाहर जाए आ वार्ड भितर आवे ना मिली ।
जिल्ला के कोभिड–१९ विपद व्यवस्थापन केन्द्र उ क्षेत्र के वासिन्दा के घरबाहर निकले ना देवेक निहोरा कईले बा । साथे सिल कईल क्षेत्र मे सेना आ पुलीस परिचालन कईल बा ।
एहितरे मृतक के अभी स्वास्थ्य जाँच करावल बाह्रबिसे प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र भी सिल कईल बा ।
उनकर सम्पर्क मे रहल आदमी के कन्ट्याक ट्रेसिङ करके पीसीआर परीक्षण के खातिर स्वाब संकलन करेके आ क्वारेन्टाइन मे राखेके भी निर्णय भईल बा ।






