प्रदेश २ सरकार लैंगिक हिंसा न्यूनीकरण के खातिर अलगे कानुन बनाई : मन्त्री यादव

मेवालाल यादव

रौतहट १६ पुस

प्रदेश २ सरकार लैंगिक हिंसा न्यूनीकरण तथा पीडित के सहायता के खातिर अलगे कानुन बनावेके भईल बा । महिला हिंसा लगायत लैंगिक हिंसा मे पडल सभी के फरक लिंग के आधार मे होखेवाला विभेद न्यूनीकरण तथा समस्या मे पडल के सहजोग करे खातिर कानुनी व्यवस्था आ संयन्त्र जरुरी देखल गईल प्रदेश २ के आर्थिक मामिला तथा योजना राज्यमन्त्री उषा यादव बतवनी ।

लैंगिक हिंसा न्युनीकरण एवं पीडित के सहायता मे एकीकृत प्रयास के जरुरत विषयक छलफल कार्जक्रम मे बोलत आर्थिक मामिला तथा योजना राज्यमन्त्री उषा यादव तत्काल प्रदेश २ के कानुन मन्त्रालय मार्फत कानुन बनावे के प्रक्रिया शुरु करेके आश्वासन देहनी ।

‘लैंगिक हिंसा मे पडल पीडितलोग के न्याय के खातिर लडला पर विस्थापन के अवस्था आई । उ अवस्था मे परिवार के साथ सहजोग ना मिल सकता,’ कहत उ, ‘पीडित के न्याय दिलावे खातिर आ विस्थापन के अवस्था मे साथ देवे खातिर एगो संयन्त्र बनावेके पडि, जरुरी पडला पर खर्च करे खातिर कोष बनावेके पडि । ऐन, कानुन, निर्देशिका बनाके संयन्त्र आ स्थायी कोष हि खडा करेके उ बतवनी ।

समाज मे विद्यमान लैंगिक हिंसा के नियन्त्रण करे खातिर सबसे पहिले शिक्षा मे जोड देवेके मन्त्री यातव बतवनी । ‘समाज मे रहल लैंगिक हिंसा के नियन्त्रण करेके पडि, ओकरा खातिर शिक्षा मे जोड देवेके पडि, शिक्षा मे जोड ना देके समाज मे परिवर्तन सम्भव नइखे,’ कहत आर्थिक मामिला तथा योजना राज्यमन्त्री उषा यादव ओहिसे प्रदेश २ सरकार बेटी पढाव, बेटी बचाव अभियान सञ्चालन कईले बा ।

आर्थिक मामिला तथा योजना राज्यमन्त्री उषा यादव सामाजिक सोच के चलते लैैंगिक हिंसा हो रहल बतावत चेतनामुलक कार्जक्रम सञ्चालन होखेके बात मे जोड देहनी ।

‘२० बरीस के बेटी के कहुँ पठावेके पडला पर हमनी ५ बरीस के बेटा के साथ मे पठावेनी । समाज मे बाल वियाह आ दहेज के समस्या बा कहत उषा यादव, ‘शिक्षा के कमी के चतले भी अनेकन लैंगिक हिंसा के घटना भईल सुनल जाला । वार्ड स्तर से जनचेतनामुलक कार्जक्रम जरुरी बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।