जनकपुर महानगर के क्वारेन्टाइन मे अमानवीय व्यवहार भईल

जनकपुरधाम ३ जेठ
जनकपुरधाम उप–महानगरपालिका के क्वारेन्टाइन मे बईठललोग खुद उपर अमानवीय व्यवहार कईल आरोप लगवले बाडन ।
जनकपुरधाम उप–महानगरपालिका स्वस्तिक हस्पिटल के भाडा मे लेके बनावल क्वारेन्टाइन मे रहला से अईसन आरोप लगवले बाडन ।
उलोग खाना आ पानी के भी समयमा व्यवस्था करे ना सकल आरोप लगवनी ।
क्वारेन्टाइन मे बईठल एक ३० बरीस के पुरुष, ‘हमनी कुछ मँगनी, कि झरकेलन, कुछो कहेके ना होखी जईसन करके हप्कावेलन ।
छोटा–छोटा बच्चा समय–समय मे खाएवाला पानी मागेलन, कहाँ से लिआई हमनी ? क्वारेन्टाइन के व्यवस्थापन मे बईठल आदमी सँगे माँगेम माकिर हप्किदप्की करेलन ।’
सरसफाई मे लगती के साथे ट्वाइलेट बाथरुम के भी कमी रहल उलोग बतवलन ।
क्वारेन्टाइन स्थल स्वस्तिक हस्पिटल मे प्रशासन से खिसियावेके आ दुर्व्यवहार कर रहल सम्भावित संक्रमित के उदृत करत आफन्त विरेन्द्र रमण बतवनी ।
उहे क्वारेन्टाइन मे रहल एक जनानी दु गो बच्चा भी खुद सँगे रहला से बच्चालोग के खातिर भईला पर भी समय मे खाना उपलब्ध करावे खातिर निहोरा कईला पर भी झपारल सुनवनी ।
कहत उ, ‘छोटा–छोटा दु बच्चासब बाडन, सँझिया सबेरे खाना खाके सुतेलन, खाना सबेरे जलदी माँगेलन, माकिर इहाँ १०–११ बजे खाना देवेलन, बच्चासब के खातिर भईला पर भी जलदी देवे कहेम, माकिर उलटे डेरवावेलन ।’
उ क्वारेन्टाइन मे सम्भावित संक्रमित मरेजी के सिकाईत अईला से उहाँ से हटा के दोसर क्वारेन्टाइन मे राखल प्रमुख जिल्ला अधिकारी कोषहरि निरौला जानकारी देहनी ।
उ कहनी कि, ‘उपमहानगर हस्पिटल के बनावल क्वारेन्टाइ मे रहेमे समस्या भईला से उहाँ से हटा के दोसर जगहा राखल गईल बा ।’
जनकपुर उपमहानगर के क्वारेन्टाइन मे रहलोग के उहाँ से हटा के वार्ड नं. ७ स्थित वार्ड अध्यक्ष जानकीराम साह से सञ्चालन कईल क्वारेन्टाइन राखल जनवनी ।
वार्ड अध्यक्ष साह क्वारेन्टाइन मे रहललोग के कउनो किसिम के असुविधान होखे ना देवे खातिर प्रतिबद्धता व्यक्त करत, ‘मरेजी के हेला कईल भी हम सुननी, हमरा बहुते दुःख लागल बा, इहाँ हमनी सकेभर सभी सुविधासहित रमणीय वातावरण मे राखेके प्रयास करेम ।’





