कोरोना रोकथाम मे स्थानीय प्रशासन चुकल : विद्यार्थी संगठन

वीरगंज ०४ जेठ,
पर्सा जिल्ला मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) रोकथाम आ नियन्त्रण मे स्थानिय प्रशासन आ सरोकारवाला निकाय चुकल कहत विद्यार्थी संगठन चिन्तित बनल बाडन ।
राष्ट्रिय विद्यार्थी संघ पर्सा आजु एगो प्रेस विज्ञप्ति जारी करत वीरगंज मे कोरोना सङ्क्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण आ सङ्क्रमितलोग के ईलाज मे रहललोग के व्यस्थापन मे चुकल आरोप लगावत आपत्ति जनवले बा ।
संघ के जिल्ला अध्यक्ष मधुसुधन चौरसिया से जारी कईल प्रेस विज्ञप्ति मे स्थानीय प्रशासन, नारायणी अस्पताल प्रशासन आ आउर सरोकारवाला निकायसब कोरोना रोकथाम तथा सक्रमितलोग के व्यस्थापन मे लापरवाही कईल आरोप लगावत गल्ति सँचियावे खातिर निहोरा कईले बा ।
“कोरोनाभाइरस से संक्रमित आदमीसब के ईलाज आ व्यस्थापन मे नारायणी अस्पताल के प्रशासन आ सम्बन्धित सभी सरोकारवाला निकायसब कम्जोर देखल गईल बा ।
कोरोना से संक्रमित आदमीसब के भर्ना कईल वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे संक्रमितलोग के उपलब्ध करावल खाना गुणस्तर हिन रहला के साथे अपर्याप्त भईल हमनी क जानकारी मिलल बा” प्रेस विज्ञप्ति मे उल्लेख कईल बा, “एहितरे अस्पताल के सरसफाई मे भी समस्या देखल गईल बा ।
सिपटी से लेके संक्रमित रहेवाला वार्ड महकेके आ फुहर भईल सिकाईत हमनी के मिलल बा ।”
संघ नारायणी अस्पताल मे ईलाज करा रहल कोरोना संक्रमितलोग के पौष्टिक आहार उपलब्ध करावे के माग कईला के साथे सरसफाई मे भी ध्यान देवेके माग कईले बाडन ।
“कोरोना से लडे खातिर सब से महत्वपूर्ण देह के प्रतिरक्षामत्क शक्ति जरुरी होला आ उ पौष्टिक खाना से मात्र मिल सकता माकिर नारायणी अस्पताल आ संक्रमितलोग राखेवाला दोसर क्वारेन्टाइन स्थल सिद्धार्थ माध्यमिक विद्यालय मे काँच आ अपर्याप्त आ गुणस्तरहिन खान उपलब्ध होत आईल बा ।
बिना पौष्टिक खाना संक्रमितलोग कईसे आपन देह मे प्रतिरक्षमत्क शक्ति विकास करीहन ? स्थानीय प्रशासन आ पर्सा मे कोभिड संक्रमण के रोके खातिर बनावल विशेष समिति से हमनी ई सवाल करेके चाहत बानी” विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।
चौरसिया निषेधाज्ञा के छौ वाँ दिन तक भी संक्रमित मिलल जगहा मे कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ प्रभावकारी ना भईल बतावत चिन्ता व्यक्त कईले बाडन । उ संक्रमित मिलल जगहा मे कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ आ टेस्टिंग के दायार बढावे के माग कईले बाडन ।
उ निषेधाज्ञा के बाद गरिव आ अति विपन्न वर्ग के खातिर स्थानीय तहसब से उप्पबध करावत आईल राहत वितरण के भी पुनः सुरु करेके सलाह देहले बाडन आ बजार व्यस्थापन ओरी भी ध्यान देवे खातिर सरोकारवालालोग से निहोरा कईले बाडन ।
अध्यक्ष चौरसिया लकडाउन के समय मे पुलीस के ज्यादती बढल बतावत पुलीस के संयमता अपनावे खातिर निहोरा कईले बाडन । “लकडाउन मे पुलीस आ प्रशासन भी आपन सैयमता गुमावल हमनी के महसुस भईल बा ।
अनेकन बहाना मे निर्दोष जनता उपर दुर्व्यहार बढल अनेकन समचार संस्थासब मार्फत हमनी सुनत आ पढत आईल बानी” चौरसियाद्धारा जारी कईल विज्ञप्ति मे “पुलीस सबेरे दुध आ दवाई जईसन महत्वपूर्ण सामान किने गईला पर भी बल प्रयोग कईल खबर से हमनी के चिन्तित बनावल” उल्लेख बा ।
स्थानीय प्रशासन से जलदी ई समस्या समाधान ओरी अगाडि ना बढला पर खुदसब प्रतिगात्मक कदम उठावे मे बाध्य होखेके चेतावनी भी देहले बाडन ।




