अन्तर्राष्ट्रिय मातृभाषा दिवस के अवसर मे बहुभाषिक कवि गोष्ठी तथा पुस्तक विमोचन

वीरगंज ०९ फागुन
अन्तर्राष्ट्रिय मातृभाषा दिवस के अवसर मे भोजपुरी प्रतिष्ठान वीरगंज बहुभाषिक कवि गोष्ठी तथा पुस्तक विमोचन कार्जक्रम पुरा कईले बा ।
वीरगंज के होटल मकालु मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी आवेवाला शैक्षिक सत्र से महानगर के विद्यालय मे भोजपुरी भाषा भी पढावे के बतवले बानी ।
भोजपुरी भाषा पढावे खातिर जलदी नगरपालिका से निर्णय करेके बतावत मेयर सरावगी आवेवाला शैक्षिक सत्र से विद्यालय मे स्थानीय भाषा के रुप मे भोजपुरी भाषा पढाइ सुरु होखी कहनी ।
१०० नम्बर थप होखेवाला किसिम से स्थानीय भाषा के जोडेके पडि कहके ई बारेमे शैक्षिक प्रशासन महाशाखा के कहले बानी आ जलदी निर्णय करके कार्यान्वयन मे लेजाएके बतवनी ।
कार्जक्रम मे भोजपुरी कला, भाषा, सँस्कृति, साहित्य मे योगदान पुगईला मे सलिम मिया, शम्भु पाण्डे आ राजदेव दास तत्वा के ५१ हजार रोपेया राशी के लोकरंग भोजपुरी पुरस्कार प्रदान कईल बा ।
एहितरे मुकुन्द आचार्य के ५१ हजार राशी के नेपाल राष्ट्रिय भोजपुरी पुरस्कार आ भारत रक्सौल के साहित्यकार प्राध्यापक डा. अरुणेश नीरन के पण्डित दीप नारायण मिश्र अन्तर्राष्ट्रिय भोजपुरी सम्मान प्रदान कईल प्रतिष्ठान के सचिव रितेश त्रिपाठी जानकारी देहनी । अन्तर्राष्ट्रिय भोजपुरी सम्मान पुरस्कार के राशी एक लाख रोपेया बा ।
भोजपुरी प्रतिष्ठान के अध्यक्ष उमाशंकर द्विवेदी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के उपमेयर शान्ति कार्की, शिक्षा महाशाखा के प्रमुख अरबिन्दलाल कर्ण, प्रमोद पाण्डे, डाक्टर हरेन्द्र हिमकर, नैतन सरावगी, विक्रम साह, डाक्टर मधुसूदन त्रिपाठी, डाक्टर महेन्द्र हिमकार लगायत दर्जनो आदमी कविता बाचन तथा आपन बिचार रखले रहलन । 
रितुराज पटेल से सञ्चालन कईल कार्जक्रम मे स्वागत मनतव्य पोखरिया नगरपालिका के उपमेयर सलमा खातुन रखले रहनी ।




