वीरगंज के संक्रमित के खाना खियावे के जिम्मा सानो पाइला लेहलख

वीरगंज ०४ जेठ,
वीरगंज मे ईलाज करा रहल कोरोना संक्रमित मरेजी के नास्ता तथा खाना खियावे के जिम्मा एक सामाजिक संस्था लेहले बा ।
अस्पताल के आइसोलेसन मे रहल मरेजीलोग पोषणयुक्त भोजन ना मिलल सिकाईत अईला के बाद ओकर व्यवस्थापन करेके जिम्मा सामाजिक संस्था सानो पाइला लेहले बा ।
संक्रमित मरेजी के पोषणयुक्त भोजन ना मिलल सिकाईत कईला पर अस्पताल मे ईलाज करा रहल एक जने संक्रमित पत्रकार चाउचाउ खाके हमनी कोरोना से लडत बानी कहके स्वास्थ्यमन्त्री के पत्र लिखल समाचार भी सार्वजनिक भईल रहे ।
कोरोना संक्रमित के खातिर खाना आ नास्ता के व्यवस्थापन करेके जिम्मेवारी सानो पाइला नामक सामाजिक संस्था के देहल पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत बतवनी ।
संस्था भी संक्रमितलोग के खाना आ नास्ता के व्यवस्थापन करेके इच्छा देखईला के चलते ओकर व्यवस्थापन करेके जिम्मेवारी देहल बस्नेत बतवनी ।
आइसोलेसन मे रहल मरेजी के खाना आ नास्ता खियावे खातिर खुदसब तइयार रहल सानो पाइला के प्रमुख कार्यकारी अधिकृत कञ्चन झा जानकारी देहनी ।
झा कहनी कि, “विश्व स्वास्थ्य संगठन के मापदण्ड आ राष्ट्रिय कार्यविधि मुताविक चार समय मे भोजन तथा खाजा उपलब्ध करावे के विषय मे तइयारी हो रहल बा ।
सोमार के सबेरे से संक्रमितलोग के खाना तथा नास्ता खियावेवाला किसिम से अभी काम हो रहल बा ।
ई विषय मे अस्पताल प्रशासन, जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा आ वीरगंज महानगपालिका से मौखिक सहमति भइल बा । बिहान हि ई विषय मे लिखित सहमति भी होखी ।”
सानो पाइला नारायणी अस्पताल आ सिद्धार्थ मावि के आइसोलेसन कक्ष मे रहल संक्रमितलोग के खाना तथा नास्ता खियावे सकेके बतावल गईल बा ।
नारायणी अस्पताल मे ७१ आ सिद्धार्थ मावि मे २६ जने संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन ।






