सहरी विकास मन्त्री साह के रौतहट मे करिया झण्डा देखावल गईल

मेवालाल यादव

रौतहट १६ पुस

नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी के नेता तथा सहरी विकास मन्त्री प्रभु साह के रौतहट मे करिया झण्डा देखावल गईल बा । जनता समाजवादी पार्टी के विद्यार्थी संगठन आजु रौतहट के गरुडा मे मन्त्री साह के करिया झण्डा देखवले बाडन ।

जिल्ला स्तरीय कार्यकर्ता भेला के सम्बोधन करे खातिर आजु गृह जिल्ला रौतहट आईल मन्त्री साह के जसपा के विद्यार्थी नेतालोग करिया झण्डा देखवले बाडन । प्रभु साह अभी ओली समुह के ओरी से शहरी विकास मन्त्री बनल बाडन ।

मन्त्री बनला के बाद पहिलका बेर गृह जिल्ला आईल मन्त्री साह के आजु उनकर आपन गृह जिल्ला मे जसपा के विद्यार्थी नेतालोग करिया झण्डा देखवले बाडन ।

प्रधानमन्त्री ओली संविधान के मुल मर्म विपरीत संसद विघटन कराके लोकतन्त्र के उपहास कईल आ संघियाता के हि कलंकीत करेके काम कईला से उनकर उ काम के सभी बिरोध कईला के बदले साह उल्टे साथ देहल कहत उलालेग करिया झण्डा देखवले बाडन । लोकतन्त्र आ संघीयाता विरोधी के साथ देहल कहत जसपा के विद्यार्थी नेतालोग मन्त्री साह के करिया झण्डा देखवले बाडन ।

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली असंवैधानिक रुप मे प्रतिनिधिसभा विघटन कईला के बाद नेकपा के एक पक्ष सहित देश के कांग्रेस, जसपा लगायत के दलसब आन्दोलन कररहल समय ई आन्दोलन मे साथ देहला के बदले प्रभु साह उल्टे ओली पक्ष से मन्त्री बन के प्रतिगमनकारी कदम के साथ देहल कहत जसपा के नेतालोग उनका के करिया झण्डा देखवले बाडन ।

एहितरे शहरी विकास मन्त्री साह के करिया झण्डा देखावेवाला जसपा विद्यार्थी संगठन के प्रदेश बरिष्ठ उपाध्यक्ष अनिल पटेल आ प्रदेश उपाध्यक्ष ललन यादव के पुलीस पकडले बा ।

मन्त्री साह के काहे करिया झण्डा देखावल कहत पुलीस दुनु जने के नियन्त्रण मे लेहले बा । नियन्त्रण मे लेवेके समय मे पुलीस से कईल लाठी चार्ज से ललन यादव घायल भी भईल बाडन ।

जसपा आपन संगठन के नेता के तत्काल बिना शर्त छोडेके माग कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।