नीति तथा कार्जक्रम उपर संशोधन प्रस्ताव

काठमाण्डु ४ जेठ,
राष्ट्रियसभा मे आव २०७७÷७८ के खातिर नेपाल सरकार के नीति तथा कार्जक्रम उपर के छलफल प्रारम्भ भईल बा ।
राष्ट्रपति विद्यादेवी भण्डारी सङ्घीय संसद् के दुनु सदन के संयुक्त बईठक मे बितल शुक के दिने नेपाल सरकार के नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत कईले रहनी ।
बईठक के प्रारम्भ मे उ सम्बोधन मे उल्लेखित आव २०७७÷७८ के खातिर सरकार के नीति तथा कार्जक्रम उपर के छलफल प्रारम्भ होखो कहके प्रधानमन्त्री के ओरी से उपप्रधानमन्त्री ईश्वर पोखरेल से प्रस्ताव प्रस्तुत कईले रहनी ।
उ नीति तथा कार्जक्रम उपर छ जने सदस्य के तीन संशोधन पडल बा । सरकार के नीति तथा कार्जक्रम उपर दुनु सदन मे जेठ ४, ५ आ ६ गते छलफल होखी ।
राष्ट्रपति से प्रस्तुत नीति तथा कार्जक्रम मे नेपाल के कोभिड–१९ महामारीमुक्त देश बनावल सरकार के पहिलका प्राथमिकता भईल उल्लेख बा ।
कोभिड–१९ के बाद के आउर रणनीति तथा कार्ययोजना तइयार करके क्षेत्रगत विशेष कार्जक्रम सञ्चालन करेके विषय उ नीति तथा कार्जक्रम मे समेटल बा ।
तोकल समय से पौने एक घण्टा देर से शुरु भईल बईठक मे नीति तथा कार्जक्रम उपर संशोधन प्रस्तुत करत प्रमुख प्रतिपक्ष दल के नेपाली काँग्रेस के अनिता देवकोटा सिमना मे अलपत्र पडल के उद्धार आ भुस से छटपटाईल श्रमिक के राहत से निराशा पैदा करेवाला किसिम से कार्जक्रम अईला से कार्जक्रम के पुनर्लेखन आ संशोधन के जरुरत पडल कहके संशोधन प्रस्ताव पेश कइनी ।
उहे पार्टी के जितेन्द्रनारायण देव देश आर्थिक शिथिलता के अवस्था आ खाद्यान्न कमी के सङ्केत कर रहल समय कोभिड–१९ नियन्त्रण, खाद्य अभाव होखे ना देवे खातिर तथा कृषि के माध्यम से अर्थतन्त्र के बरियार बनावे के जईसन ठोस कार्जक्रम के प्राथमिकीकरण करेके अनावश्यक पट्यार लागेवाला नीति तथा कार्जक्रम लियावल कहके संशोधन प्रस्ताव प्रस्तुत कइनी ।
नेपाली काँग्रेस के उमेशजङ्ग रायमाझी ‘नीति तथा कार्जक्रम मे स्वास्थ्य कोभिड–१९ के समय मे परीक्षण कईल रहित त सुत्केरी जनानी के ज्यान जाएके नौबत ना आईत’ कहनी ।
समाजवादी पार्टी के सांसद प्रमिला कुमारी खाद्यलगायत जरुरी उपभोग्य सामान के सहज उपलब्धता आ कोभिड–१९ जोखिम नियन्त्रण मे पहिलका पङ्क्ति मे रहके काम करेवाला के प्रोत्साहन करे खातिर सुविधा आ बीमा लगायत के विषय कार्जक्रम मे समेटे खातिर सुझाव देहनी ।
नीति तथा कार्जक्रम मे कहल बा, ‘महामारी के चलते रोजगारी गुमावल श्रमिक, साना किसान, असाय व्यक्ति तथा विपन्न वर्ग के परिवार के लक्षित करके स्वास्थ्य शिक्षा, सीप विकास तालिम आ रोजगारी एवं आयआर्जन सम्बन्धी विशेष कार्जक्रम सञ्चालन कईल जाई ।’
नेपाली काँग्रेस के प्रकाश पन्थ सरकार से प्रस्तुत कार्जक्रम फोकस ना भईल प्राथमिकता निर्धारण करे ना सकल आरोप लगावत कोभिड नियन्त्रण के खातिर प्राथमिकीकरण सुझाव देत संशोधन प्रस्ताव प्रस्तुत कइनी ।
राष्ट्रिय जनता पार्टी के शेखरकुमार सिंह लिखित संशोधन प्रस्तुत करत संविधान संशोधन, कोभिड–१९ पीडित के हो रहल राहत प्रदान मे सुधार लियावे के, सरकारी काम आ खर्च के पारदर्शी बनावे के, सुनकोशी कमला सिँचाइ आयोजना सञ्चालन करेके तथा कृषक के समय मे मल खाद्य उपलब्ध करावे खातिर सुझाव देहनी ।






