बारा मे नक्कली रोपेया रोड पर मिलल

बारा ०५ जेठ

२४ घण्टा ना बितते बारा मे फेनु लावारीस अवस्था मे रोपेया मिलल बा । माकिर, ई बेर सडक मे मिलल रोपेया नक्कली रहल मिलल बा ।

बच्चासब से खेलेवाला भारतीय नक्कली नोट (भारतीय चिल्ड्रेन करेन्सी) बारा के पचरौता नगरपालिका–९ स्थित भलदुसवा टोल मे मिलल बारा के डीएसपी गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।

सोमार के सबेरे सडक मे लावारिस अवस्था मे सडक मे पईसा देखला के बाद स्थानीय पुलीस के खबर कईले रहलन ।

गौतम के मुताविक एक हजार लिखल १२÷१३ गो नक्कली रोपेया पुलीस सुरक्षित रुप मे रखले बा । बच्चासब से खेलेके समय मे उ रोपेया बिल हो सकेके आशंका पुलीस कईले बा ।

ई बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा । अईसे सडक मे लावारीस पईसा मिले लागला के बाद स्थानीय सर्वसाधरण डराईल बाडन ।

एकरा से पहिले एतवार के दिने भी बारा के आदर्श कोतवाल गाँवपालिका–८ स्थित कोत्वाली गाँव मे ५ सय के १६ थान रोपेया लावारिस अवस्था मे मिलल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।