कोरोना महामारी के बाद अर्थतन्त्र मे आत्मनिर्भर होखेके पडि : प्रधानमन्त्री

काठमाण्डु ६ जेठ
प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली कोरोना महामारी विश्वव्यापी असर पार रहल समय नेपाल खुद के आत्मनिर्भर अर्थतन्त्र ओरी अगाडि बढावे के भईल बतवनी ।
नेपाल सरकार के आवेवाला आर्थिक बरीस के नीति तथा कार्जक्रम उपर के छलफल मे प्रतिनिधिसभा मे आजु जवाफ देत प्रधानमन्त्री ओली सरकार से नीति तथा कार्जक्रम मे कोरोना रोकथाम आ नियन्त्रण करे खातिर पहिलका प्राथमिकता भईल बतवनी ।
पडोसी भारत से सङ्क्रमित होके आवेवाला के सङ्ख्या बहुते बेसी भईल आ उलोग लुका के रहेवाला भईला से गम्भीर होके रोकथाम मे लागेके जनावत प्रधानमन्त्री ओली कहनी कि, “मानव जात से कोरोना के पराजित करी । नेपाल के कोरोना मुक्त बनावे खातिर आ विश्व कोरोना मुक्त होखी कहके विश्वास लेहले बानी ।”
उ अर्थतन्त्र मे पारल प्रभाव से उत्पादन मे कमी आईल आ राजश्व कम उठल, रेमिन्ट्यान्स मे असर पडल जनावत एकर सामना करके जीवन आ समाज चलावे के उल्लेख कइनी ।
उ सम्भव होखे तक रोजगारी के अवसर अपलब्ध करावेके आ आयआर्जन सुनिश्चित कईल दिगो व्यवस्थापन होखेवाला भईला से अर्थतन्त्र के कमजोर होखे ना देवे खातिर सरकार उ रास्ता मे अगाडि बढल उल्लेख कइनी ।
प्रधानमन्त्री ओली कहनी कि, “हमनी देश मे न्याय आ समानता सहित के विस्तृत लोकतन्त्र के पालना के पक्ष मे बानी । हमनी सर्फेसियल भा चल्ते चलाते लोकतन्त्र के पक्ष मे नइखी ।”
प्रधानमन्त्री ओली सात दशक से लम्हर सङ्घर्ष के बाद लोकतन्त्र रहल आ सङ्घीय संरचना स्थानीय तह निर्माण करके संविधान मुताविक नयाँ कानून के निर्माण आ पुराना कानून संशोधन कईल उल्लेख करत सरकार भौतिक संरचना निर्माण करके सङ्घीयता के रास्ता मे अगाडि बढावल बतवनी ।






