संक्रमित पत्रकार के परिवार के पिसिआर रिपोर्ट नेगेटिभ

जनकपुरधाम ६ जेठ
धनुषा मे पत्रकार आ पुस्तक व्यवसायी मे मिलल कोरोना संक्रमित आदमी के परिवार के कोरोना परीक्षण रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा ।
जनकपुरधाम उप–महानगरपालिका के एक पत्रकार आ एक पुस्तक व्यवसायी मे संक्रमण मिलला के बाद उलोग के परिवार के सभी सदस्य के भी पिसिआर परीक्षण कईल रहे ।
उ परीक्षण के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल जनस्वास्थ्य प्रशासनक विजय झा जानकारी देहनी ।
बितल हप्ता के बियफे के दिने संक्रमित पत्रकार आ पुस्तक व्यवसायी के कन्ट्याक ट्रेसिङ्ग के आधार मे घर परिवार के ९ जने के स्वाब संकलन करके परिक्षण के खातिर काठमाण्डु पठावल गईल रहे ।
एहितरे संक्रमित आदमी के सम्पर्क मे आईल आउर ३० जने के पिसिआर थ्रोट आ नोजल स्वाब सोमार के दिने संकलन करके परीक्षण के पठईला पर भी रिपोर्ट आवे ना सकल नेपाल पत्रकार महासंघ के अध्यक्ष अनिल मिश्र जानकारी देहनी ।
संक्रमित परिवार के सदस्य के जनकपुरधाम ७ स्थित वार्ड के क्वारेन्टाइन से घर पठावे के तइयारी कईल वार्ड अध्यक्ष जानकीराम साह जानकारी देहनी ।






