मे ४२ किलो गाँजा सहिपर्सात दु जने पकडईलें
मे ४२ किलो गाँजा सहिपर्सात दु जने पकडईलें

वीरगंज २२ पुस
पर्सा पुलीस बहुते परिमाण मे गाँजा सहित दु जने के पकडले बा । पिकअप गाडी मे गाँजा ढुवानी कईल अवस्था मे पुलीस गाडी चालक मकवानपुर के भिमफेदी गाँवपालिका–९ के ३४ बरीस के सुमन ब्लोन आ पर्सा के पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका–४ के ४० बरीस के विनोद राम के पकडले बा ।
पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक कोमल शाह के मुताविक विशेष सूचना के आधार मे इलाका प्रहरी कार्यालय आ प्रहरी चौकी महुवन से शनिचर के रात खटल पुलीस टोली गण्डक से देउरिया ओरी जा रहल बा प्र ०३००१च१५४० नम्बर के पिकअप गाडी महुवन चोक मे रोकके चेकजाँच कईले रहे ।
उ समय मे गाडी के चालक बईठेवाला सिट के निचे लुकाके राखल अवस्था मे ४२ पोका अर्थात ४२ किलो गाँजा बरामद भईल शाह बतवनी ।
गाँजा आ गाडीसहित नियन्त्रण मे लेहल गईल ब्लोन आ राम के इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के हिरासत मे राखके जरुरी अनुसन्धान हो रहल प्रहरी उपरीक्षक शाह जानकारी देहनी ।





