रु तीन अरब के दवाई आईल

काठमाण्डु ७ जेठ

बन्दाबन्दी शुरु भईला के बाद के ५६ वाँ दिन तक करीब रु तीन अरब बराबर के तइयारी दवाईसब आयात भईल बा ।

उद्योग, वाणिज्य तथा आपूर्ति मन्त्रालय से आजु सार्वजनिक कईल तथ्यांक मुताविक बन्दाबन्दी के बाद मंगर तक रु दु अरब ७१ करोड ६ लाख ६७ हजार बराबर के तइयारी दवाई आ रु ६१ करोड ४९ लाख ९५ हजार बराबर के दवाई के कच्चा पदार्थ आयात भईल बा ।

मन्त्रालय के तथ्यांक मुताविक एक लाख ८३ हजार ९२३ मेट्रिक टन खाद्यान्न, ५१ हजार ८३२ मेट्रिक टन दलहन, ६९ हजार २५५ मेट्रिक टन तरकारी, २५ हजार ९८१ मेट्रिक टन फलफूल आ १२ हजार ५७ मेट्रिक टन दुग्धजन्य पदार्थ आयात भईल बा ।

बन्दाबन्दी के बाद खाद्य पदार्थ आयात मे वृद्धि भईल मन्त्रालय के सहप्रवक्ता उर्मिला केसी जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक पहिलका हप्ता के बराबरी मे आठ वाँ हप्ता मे खाद्यान्न आयात मे ८२ दशमलव ६ प्रतिशत तथा दलहन आ गेडागुडी आयात मे १२१ दशमलव १ प्रतिशत से वृद्धि भईल बा ।

एहितरे तरकारी आ फलफूल के आयात क्रमशः ९ दशमलव ६ आ ३०५ प्रतिशत से वृद्धि भईल बा ।

इहे समय मे दुग्धजन्य पदार्थ आयात मे १३२ दशमलव ९, दवाई के कच्चापदार्थ मे १९८ दशमलव ३ आ तइयारी दवाई मे ५७ दशमलव १ प्रतिशत से वृद्धि भईल बा ।

बन्दाबन्दी भईला के बाद के अभी विद्यमान आठ वाँ हप्ता मेसे खाद्यान्न पाँच वाँ हप्ता, दलहन तथा गेडागुडी, फलफूल आ तइयारी दवाई छौ वाँ हप्ता आ दवाई के कच्चा पदार्थ सात वाँ हप्ता मे सबसे बेसी आयात भईल तथ्यांक मे उल्लेख कईल बा ।

एहितरे तरकारी तथा दुग्धजन्य पदार्थ चउथका हप्ता मे सबसे बेसी आयात भईल रहे ।

रसुवागढी नाका बाहेक सभी सीमानाका से सामान आयात हो रहल मन्त्रालय जनवले बा ।

मंगर तक वीरगंज एकीकृत जाँचचौकी से ३१२ ट्रक आईल, २७६ ट्रक बाहर गईल आ ६३३ ट्रक रुकल बा ।

एहितरे वीरगंज सुख्खा बन्दरगाह से १८० ट्रक आईल, ११५ ट्रक बाहर गईल आ तीन हजार ५९२ ट्रक रुकल बा ।

भैरहवा नाका से ५० ट्रक आईल, ४४ ट्रक बाहर गईल आ १८० ट्रक रुकल बा ।

विराटनगर एकीकृत जाँचचौकी से २१७ ट्रक आईल, ११४ ट्रक बाहर गईल आ २५५ ट्रक ओनहि रुकल बा आ विराटनगर सुख्खा बन्दरगाह मे एक ट्रक रुकल बा ।

काकरभिट्टा जाँचचौकी से ६८ ट्रक आईल, ५८ ट्रक बाहर गईल आ ३३ ट्रक रुकल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।