मध्यपूर्वी पृतना हेडक्वाटर मे रामजानकी बाटिका निर्माण होखी

जनकपुरधाम १६ असाढ

महोत्तरी के बर्दिवासस्थित नेपाली सेना के मध्यपूर्वी पृतना हेडक्वाटर मे रामजानकी बाटिका निर्माण होखेवाला भईल बा ।

प्रदेश २ सरकार के लगानी मे निर्माण होखेके रामजानकी बाटिका मे नेपाल के साझा संस्कृति झल्कावेवाला रामजानकी के पूर्ण कद के प्रतिमा, पृथ्वीनारायण शाह के प्रतिमा, राष्ट्रिय प्रतीक, नेपाली सेना के लोगो, मिथिला संस्कृति झल्कावेवाला अनेकन सामान के साथे गौरीशंकर हिमाल के प्रतीकात्मक स्वरूप निर्माण कईल जाई ।

उ बाटिका के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत बुध के दिने शिलान्यास कईले बाडन । शिलान्यास करत मुख्यमन्त्री राउत मधेस के जनता नेपाली सेना उपर के अपनत्व ग्रहण करे ना सक रहल अवस्था मे नेपाली सेना पिछिलका समय मे मधेसी जनता से अपनत्व बढावेवाला किसिम से काम कर रहल कहत धन्यवाद देहनी ।

कोरोना महामारी जईसन विषम परिस्थिति मे प्रदेश के जनता के खातिर नेपाली सेना प्रदेश सरकार सँगे के समन्वय मे कईल कामसब प्रशंसनीय रहल उल्लेख कतर मुख्यमन्त्री राउत प्रदेश सरकार नेपाली सेना सँगे के सहकार्य के हरदम निरन्तरता देवेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।