गुल्मी मदाने के कोरोना संक्रमित के मृत्यु

रुपन्देही, ८ जेठ

अस्पताल मे ईलाज करा रहल गुल्मी मदाने गाँवपालिका–६ निवासी कोरोना भाइरस संक्रमित ४१ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा ।

उनकर रुपन्देही के तिलोत्तमा मे रहल क्रिमसन अस्पताल मे ईलाज के समय मे आजु सबेरे ७ः१० बजे मृत्यु भईल प्रदेश नं ५ सामाजिक विकास मन्त्रालय, स्वास्थ्य महाशाखा प्रमुख डा उमाशंकर चौधरी पुष्टि कइनी ।

प्रमुख चौधरी के मुताविक टाइफाइड, कमलपित्त आ मिर्गाैला रोग से ग्रस्त रहल उनकर आठ दिन से भेन्टिलेटर के सहायता मे सघन ईलाज कक्ष मे ईलाज कईल रहे ।

एकरा से पहिले सोमार आ मंगर के दिने अनेकन मिडिया मे संक्रमित के मृत्यु भईल गलत समाचार सम्प्रेषण भईला के बाद अस्पताल विज्ञप्तिमार्फत अवस्था गम्भीर रहल जानकारी करवले रहे ।

मरेजी अस्पताल भर्ना भईला पर भी स्वास्थ्यावस्था गम्भीर रहला से बाहर अनावश्यक हल्ला आईल हो सकेके महाशाखा प्रमुख चौधरी बतवनी ।

मदानेबासी के मुताविक बन्दाबन्दी भी बहुते घुमफिर कईला के चलते उनका मे कोरोना संक्रमण भईल आशंका कईल बा । उ बितल वैशाख ४ गते मालिका गाँवपालिका ६ अर्जै मे एक वियाह कार्जक्रम मे गईल रहनी ।

एहितरे वैशाख २० गते धुर्कोट गाँवपालिका–७ वाग्लास्थित मानचौर ताल मे घुमे गईल गाँवपालिका के सूचना अधिकारी ऋषि पोखरेल बतवनी ।

वैशाख २८ गते सँझिया से मुडि दुखाए के, बोखार आवेके समस्या भईला के बाद वैशाख २९ गते उ पुर्कोटस्थित एक पोलिक्लिनिक मे ईलाज के खातिर गईल रहनी ।

दु दिन तक दवाई खाके आराम करके वैशाख ३१ गते फेनु क्लिनिक मे खुन जाँच के खातिर गईल उनका मे कमलपित्त समस्या देखल गईला के बाद अर्घाखाँची के सन्धिखर्क स्थित छाया पोलिक्लिनिक मे सिफारिस कईल क्लिनिक के सञ्चालक विष्णु भुसाल बतवनी ।

उहाँ भी ईलाज सम्भव ना भईला के बाद उ आउर ईलाज के खातिर क्रिमसन अस्पताल मे लेगईल गईल रहे ।

जेठ १ गते एम्बुलेन्स मार्फत क्रिमसन अस्पताल मे आईल उनकर कोरोना के आशंका मे स्वाब संकलन करके पिसिआर परीक्षण के खातिर २ गते प्रदेश प्रयोगशाला मे पठावल गईल बा ।

उनकर पिसिआर रिपोर्ट पोजेटिभ देखल गईला के बाद सोमारके दिने स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय कोरोना संक्रमण भईल पुष्टि कईले रहे ।

एकरा सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमण के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या तीन जने पुगल बा ।

सामाजिक विकासमन्त्रीद्वारा दुःख व्यक्त
सामाजिक विकासमन्त्री सुदर्शन बराल अस्पताल मे ईलाज करा रहल गुल्मी मदाने के कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईला के बाद दुःख व्यक्त कईले बानी ।

मन्त्री बराल आजु शोक विज्ञप्ति जारी करके अनेको प्रयास कईला पर भी उनका के बँचावे ना सकेके जनावत मृतक उपर श्रद्धाञ्जति अर्पण कईले बानी ।

देउराली आधारभूत विद्यालय के प्रधानाध्यापक उनकर निधन से शिक्षा क्षेत्र मे अपूरणीय क्षति भईल जनावत मन्त्री बराल शोकसन्तप्त परिवारजन मे समवेदना व्यक्त कईले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।