तस्करी के सामान लादल आशंका मे ट्रक आ पिकअप पकडाईल

भोटा. संवाददाता /
वीरगंज २० फागुन,
पर्सा पुलीस तस्करी के सामान लादल आशंका मे एगो मालवाहक ट्रक आ एगो पिकअप गाडी पकडले बा ।
कपडा आ किताब करके एक करोड ४२ लाख ७८ हजार १२० रोपेया बराबर के सामान लाद के काठमाण्डु जारहल मालवाहक ट्रक आ पिकअप गाडी वीरगंज से पुलीस पकडले बा ।
वीरगंज स्थित एकिकृत भन्सार जाँच चौकी से भन्सार जाँचपास होके आईल ना ४ ख ९८७ नम्बर के ट्रक आ बीआर २२ जीए ४९१६ नम्बर के पिकअप शुक के सँझिया वीरगंज–२५ ड्राइपोर्ट चोक से नियन्त्रण मे लेहल पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक पुलीस के शंका लागके उ दुनु मालवाहक गाडी रोकके चेकजाँच कईला पर बिलबिजक से बेसी दाम के सामान मिलल तथा बिलबिजक लगायत के कागजात भी शंकास्पद भईल देखला के बाद सामान सहित के दुनु गाडी नियन्त्रण मे लेहले बा ।
पुलीस से नियन्त्रण मे लेहल सामान सहित के दुनु गाडी के आउर अनुसन्धान तथा कारबाही के खातिर एतवार के दिने राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया मे बुझावल गईल प्रहरी नायब उपरीक्षक थापा बतवनी ।






