सीपीङ कम्पनी से लेवेवाला डिटेन्सन शुल्क छुट करेके वीउवासंघ के माग

वीरगंज १० जेठ
वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ वस्तु के कन्टेनर मे सीपीङ कम्पनी से लेवेवाला डिटेन्सन शुल्क छुट के पहल करे खातिर सरकार से निहोरा कईले बा ।
संघ आजु एगो प्रेस विज्ञप्ति जारी करत लकडाउन समय भर के डिटेन्सन शुल्क छुट के खातिर जरुरी पहल करे खातिर सरकार से निहोरा कईले बा ।
लकडाउन के समय मे वीरगंजस्थित सिर्सिया सुख्खा बन्दरगाह मे करिब ४ हजार कन्टेनर रुकला पर प्रति कन्टेनर के हरेक दिन १२ हजार से १५ हजार रोपेया तक डिटेन्सन शुल्क तिरेके कहत संघ छुट के खातिर पहल कर देवे खातिर सरकार से निहोरा कईले बा ।
सभी सीपीङ कम्पनी डिटेन्सन शुल्क माग करे लागल कहत संघ एकरा से नेपाल के अरबो रोपेया सीपीङ कम्पनी से असुल करेके देखल गईल बारेमे भी सरकार के ध्यानाकर्षण करवले बा ।
“भारतीय पोर्ट मार्फत भारत मे आयात होखेवाला मालवस्तु के कन्टेनर के डिटेन्सन शुल्क लकडाउन अवधिभर के खातिर छुट करवले बा ।
माकिर नेपाल मे आयात होखेवाला मालसामान के कन्टेनर के हक मे सभी सीपीङ कम्पनी कन्टेनर मे लागेवाला डिटेन्सन शुल्क छुट देहले नइखे ।
ओहिसे छुट के खातिर सरकार से पहल करे खातिर निहोरा करेके चाहत बानी,” विज्ञप्ति मे कहल गईल बा ।
नेपाल मे आयात भईल मालवस्तु के कन्टेनर के कागजातसब समय मे प्राप्त होखे ना सकला पर नेपाल खाद्य विभाग से अनुमति पत्र उपलब्ध ना होखेके तथा सवारी साधन एवं बैंिकङ सुविधा, जनशक्ति, आवतजावत अनुमति पत्र आदि के समस्या के चलते भन्सार जाँचपास ना होके सुख्खा बन्दरगाह तथा वीरगंज एकीकृत जाँच चौकी मे कन्टेनरसब रहल संघ जनवले बा ।






