अध्यागमन विधेयक स्वीकृत

काठमाण्डु २९ फागुन,

राष्ट्रियसभा के आजु के बईठक मे ‘अध्यागमन विधेयक, २०७६ उपर विचार होखो’ कहके प्रस्ताव सर्वसम्मति से स्वीकृत भईल बा ।

सभा के आजु के बईठक मे गृहमन्त्री रामबहादुर थापा उ सम्बन्धी प्रस्ताव प्रस्तुत कईले रहनी । प्रस्ताव उपर के छलफल मे भाग लेत सांसद कोमल वली पुराना कानून के समसामयिक व्यवस्था सहित परिमार्जन करेके बतवनी ।
सांसद प्रकाश पन्थ अध्यागमन विधेयक, २०४९ काहे खारेज करेके पडल कहके बात विधेयक मे आईल नइखे कहनी । विधेयक मे दण्ड सजाय बढवला से विदेशी पर्यटक आवे मे भी प्रभाव पडि कि कहके ध्यान देवेके बात मे जोड देहनी ।

सांसद रामनारायण बिडारी ८० प्रतिशत कानून कार्यपालिका से बनावे लागल आ २० प्रतिशतमात्र कानून संसद् से बनावे लागला से व्यवस्था उपर हि निराशा देखावे के खोजल बतवनी ।

घुस लेवे सकेवाला कानून बने लागल उनकर कहनाम रहे । “ई विधेयक लियावे के पडला के कारण का ह, ई विषय चार लाइन मे लिखला से होखी ?”, विधेयक लिअईला के चलते स्पष्ट ना भईल उल्लेख करत उ कहनी ।
सांसद अनिता देवकोटा अध्यागमन के सङ्घीय सरकार नियन्त्रण मे राखला पर प्रदेश आ स्थानीय तह मे पडेवाला प्रभाव के कुछ विषय विधेयक मे आवे ना सकल बतवनी ।

सांसद डा विमला पौडेल तीन महिने पर्यटक प्रवेशाज्ञा मे आवेवाला परामर्शदाता कम्पनी मे काम करेवाला विदेशी के सङ्ख्या बहुते रहला से कईसे नियमन करेके कहके विषय विधेयक मे व्यवस्थित करेके बात मे जोड देहनी । छ

मे उठल सवाल के जवाफ देत गृहमन्त्री थापा बरीस मे २५ लाख आदमी आवतजावत करत अईला से व्यवस्थित करे खातिर विधेयक लियावल बतवनी ।

“विकास आ समृद्धि मे पर्यटन क्षेत्र से महत्वपूर्ण भूमिका खेलेवाला भईला से विधेयक परिमार्जन करके लियावल बा, दफावार छलफल मे अभी भी परिमार्जन करके गलती सँचिया के पूर्ण होखेके विश्वास बा”, कहके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।