कोराना विरुद्ध लडे खातिर वीरगंज महानगर बँटलख चेयवनप्रास
वीरगंज ११ जेठ
वीरगंज महानगरपालिका कोरोना संक्रमित के इम्युनिटी पावर बढावे खातिर चेयवनप्रास लगायत के आउर जडीबुटी उपलब्ध करवले बा ।
रोग से लडेवाला प्रतिरोधात्मक क्षमता बढावे खातिर कोरोना संक्रमितलोग के ५०० ग्राम चेयवनप्रास आ ६० ट्याब के दर से इम्युनी केयर उपलब्ध करावल गईल वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजयकुमार सरावगी जानकारी देहनी ।
इम्युनिटी पावर बरियार आदमी सहजे कोरोना के जितेके विश्वास रहला के चलते अस्पताल मे ईलाज करा रहल सभी संक्रमित के खातिर ९९ सेट चेयवप्रास सहित जडीबुटी पठावल गईल उ बतवनी ।






