ठोरी के २३० गर्भवती के पौष्टिक आहार

वीरगंज ११ जेठ
पर्सा जिल्ला के ठोरी गाँवपालिका के २३० जने गर्भवतीलोग के पौष्टिक आहार बाँटल गईल बा ।
गाँवपालिका के उपाध्यक्ष शान्तिमाया थिङ पाँचो वार्ड के गर्भवती के एक माना घ्यू आ एक क्रेट अण्डा उपलब्ध करवले बानी ।
लकडाउन के चलते गर्भवतीलोग के खातिर जरुरी पौष्टिक आहार सहजे उपलब्ध ना होखेवाला अवस्था के मध्यनजर करत पौष्टिक आहार वितरण कईल उ बतवनी ।
अनेकन वार्ड मे अभी भी कुछ गर्भवतीलोग छुटल सिकाईत अईला से उलोग के भी पौष्टिक आहार उपलब्ध करावेके बतवनी ।
कोरोना भाइरस के जोखिम से बँचे खातिर मास्क आ हाथ धोवेवाला साबुन भी बाँटल गईल उपाध्यक्ष थिङ बतवनी ।






