नारायणी अस्पताल से आउर १८ जने संक्रमित ठिक भईला के बाद डिस्चार्ज

वीरगंज ११ जेठ

वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के आईसोलेसन मे ईलाज करा रहल १८ जने कारोना संक्रमित आजु रात मे ठिक भईला के बाद डिस्चार्ज कईल गईल बा ।

कोरोना मुक्त होखेवाला मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ३ के एके परिवार के बाडन ।

चार महिने बच्चा सहित उलोग के एतवार के रात करिब १० बजे के समय मे डिस्चार्ज कईल पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललित बस्नेत जानकारी देहले बानी ।

बितल वैशाख २४ गते कोरोना पुष्टि भईल उलोग एके परिवार के ४ महिने बच्चा से ६६ बरीस उमिर के ११ पुरूष आ ७ जनानी बाडन ।

उलोग के पिछिलका दु गो रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद डिस्चार्ज कईल नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिडेन्ट मदन कुमार उपाध्याय जानकारी देहनी ।

एकरा से पहिले भी शनिचर के दिने जेठ १० गते नारायणी अस्पताल मे ईलाज करा रहल ९ जने कोरोना संक्रमित ठिक होके डिस्चार्ज भईल रहलन ।

नारायणी अस्पताल के आईसोलेशन मे ईलाज करा रहल ६२ जने मेसे १८ जने ठिक होके घर गईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।