मेडिकल कलेज उपर कारवाही प्रक्रिया सुरु, आईसियू कक्ष सिल

वीरगंज १२ जेठ,

वीरगंज के नेेशल मेडिकल कलेज के आईसियू कक्ष आजु दुपहरिया से सिल करके कारवाही प्रक्रिया अगाडि बढावल गईल बा ।

मेडिकल कलेज मे ईलाज के समय मे जेठ ४ गते मृत्यु होके अन्त्यष्टि भी हो चुकल ७० बरीस के एगो बुढ के आजु सबेरे पिसिआर रिपोर्ट पोजिटिभ अईला के बाद उनकर ईलाज कईल आइसियु कक्ष सिल कईल बा ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णु कुमार कार्की के अध्यक्षता मे आजु दिन के बईठल कोभिड १९ संकट व्यवस्थापन केन्द्र बईठक से आईसियू कक्ष सिल करेके लगायत के निर्णय कईले बा ।

बईठक मे सहभागी सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललित बस्नेत के मुताविक पूरे मेडिकल कलेज ना होके मृतक के ईलाज कईल आईसियू कक्ष मात्र सिल करेके निर्णय भईल रहे ।

बस्नेत के मुताविक सरकार के निर्देशिका विपरीत स्वाब के पिसिआर जाँच के रिपोर्ट आवे से पहिले मृतक के लास आफन्त के जिम्मा लगाके पठावेवाला मेडिकल कलेज विरुद्ध कारवाही प्रक्रिया भी स्थानीय प्रशासन सुरु कईले बा ।

मेडिकल कलेज शंकास्पद मरेजी के पिसिआर रिपोर्ट आवे से पहिले जलदी मे लास आफन्त के जिम्मा लगा के लापरवाही कईल बस्नेत के कहनाम बा ।

‘स्वाब के रिपोर्ट आवे से पहिले जलदी मे लास काहे आफन्त के जिम्मा लगावल गईल ? ई घटना एतना दिन तक काहे लुकावल गईल ? ई विषय मे छानबनि करके कारवाही होखी ।

आजु के बईयठक से मृतक के ईलाज मे संलग्न मेडिकल कलेज के चिकित्सक, नर्स लगायत सभी स्वास्थ्यकर्मी के सोमार के दुपहरिया से हि क्वारेन्टाइन मे राख के पिसिआर जाँच करेके निर्णय भी कईले बा ।

मृतक बुढ के सम्पर्क मे आईल उनकर परिवार के सदस्य, आफन्त, गाँव के लोग, मेडिकल कलेज के स्वास्थ्यकर्मी लगायत सभी के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ करेके निर्णय भी भईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी बस्नेत बतवनी ।

बारा के करैयामाई गाँवपालिका वार्ड नं. ७ उमजन घर भईल चौधरी जात के उ बुढ के दम आ निमोनिया के समस्या देखल गईला के बाद जेठ २ गते मेडिकल कलेज के आइसियु मे भर्ना कईल रहे ।

आइसियु के भेन्टिलेटर मे राखे से पहिले कोरोना के आशंका मे उ बुढ के स्वाब, मेडिकल कलेज पिसिआर परीक्षण के खातिर नारायणी अस्पताल मे पठवले रहे ।

माकिर स्वाब के रिपोर्ट आवे से पहिले हि जेठ ४ गते ईलाज के समय मे उनकर मृत्यु भईल रहे ।

मेडिकल कलज पिसिआर रिपोर्ट ना आवते जेठ ४ गते हि लास परिवारके जिम्मा लगाके पठईला के बाद आफन्त लास गाँव मे लेजाके उहें दिन अन्तिम दाहसंस्कार कईले रहलन ।

बुढ के अन्त्यष्टि ७ दिन पहिले हि भइला पर भी नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला से कन्फमरेशन के खातिर काठमाण्डु पठईला मे सोमार के सबेरे पोजिटिभ रिपोर्ट आईल रहे ।

सरकार नारायणी अस्पताल के कोभिड १९ हस्पिटल बनईला के बाद उहाँ के सभी मरेजी के बैशाख २ गते से नेश्नल मेडिकल कलेज मे ईलाज हो रहल बा ।

एहितरे मृतक बुढ के घर रहल करैयामाइ गाँवपालिका वार्ड नम्बर ७ उमजन गाँव के भी पुलीस आजु दुपहरिया से सिल कईले बा ।

मृतक के घर भईल उमजन गाँव के आरीपाछि तारबार गरी सिल कईल बारा के प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।

मृतक के दाहसंस्कार मे परिवार, आफन्त आ पडोस के करके ७० जने से बेसी सहभागी भईल जानकारी देत मिश्र उ सभी जने के आपन आपन घर मे रहे खातिर निर्देशन देहल गईल जानकारी देहनी ।

मृतक के सम्पर्क मे रहललोग के कन्टयक्ट ट्रेसिङ भी सुरु कईल जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।