रौतहट मे सीमा से सिधे क्वारेन्टाइन पुगावल २६ जने मे संक्रमण

रौतहट १२ जेठ

रौतहट मे सोमार के दिन २६ जने कोराना संक्रमित मिलल बाडन।

जिल्ला मे संक्रमित के सख्या ४७ पुगल बा । उ मेसे तीन जने ठिक भईल बाडन ।

राजपुर नपा मे २४ जने आ इशनाथ नपा मे २ जने संक्रमित मिलल बाडन ।

उलोग सभी जने भारत के अनेकन जगहा से आईल रहलन । उलोग के सीमा से सोझे क्वारेन्टाइन पठावल गईल रहे ।

राजपुर के २४ जने के बैरीया स्थित मदरसा मे राखल गईल रहे आ इशनाथ नपा के विद्यालय मे राखल गईल रहे । एतवार के सँझिया तक मे २३ सय ६१ रौतहट मे क्वारेन्टाइन मे रहेवाला के सख्या पुगल बा ।

रौतहट मे पिछिलका दिन मे भारत से घर आवेवाला के संख्या बढल बा ।

सुरु मे मिलल तीन जने संक्रमित वीरजंग मे ईलाज के बाद घर फिर्ता भईल बाडन । उलोग इशनाथ, देवाहीगोनाही आ बृन्दावन नपा के रहलन ।

जिल्ला के ८ सय २१ जने क्वारेन्टाइन से घर फिर्ता भईल बाडन । तीन जने ठिक होके घर फिर्ता भईल बाडन ।

संक्रमण होके गौर मे रहल आइसोलेसन मे १७ पुरुष आ १ जनानी रहत आईल बाडन ।

रौतहट मे एक हजार सय ७४ जने के स्वाब संकलन कईल बा । रौ

के १८ गो स्थानीय तह कम्ती मे ५ सय बेड के क्वारेन्टाइन बनावे खातिर गृहकार्य कर रहल बाडन आ कुछ स्थानीय तह निमार्ण भी कर रहल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।