धनुषा के भी दु जने पुलीस कोरोना संक्रमित

जनकपुरधाम १२ जेठ
धनुषा के दु जने पुलीस कर्मचारी मे भी कोरोना सक्रमण देखल गईल बा ।
नगराइन नगरपालिकास्थित गंगुली क्वारेन्टाइन मे खटल दु जने पुलीस मे संक्रमण देखल गईल प्रदेश प्रहरी कार्यालय, जनकपुरधाम जनवले बा ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय सोमार के दिने धनुषा के ३ जने संक्रमित देखल गईल जनवले बाडन । जउना मेसे दु जने पुलीस हि बाडन ।
दुनु पुलीस क्वारेन्टाइन मे खटल प्रदेश प्रहरी प्रमुख डीआईजी धीरजप्रताप सिंह जानकारी देहनी ।
उलोग ४५ बरीस के आ ३१ बरीस के रहल बाडन । उलोग के प्रादेशिक अस्पताल के आइसोलेसन मे लियावे के तइयारी हो रहल सिंह बतवनी ।
एहितरे जनकपुरधामस्थित कोरोना विशेष अस्पताल के आइसोलेसन से फरार भईल संक्रमित मिलल बाडन ।
एतवार के दिने आइसोलेसन कक्ष से भागल सर्लाही के हरिपूर्वा नगरपालिका– ३ धनकौल के ४५ बरीस के पुरुष सोमार के दिने घर लगे मिलल बाडन ।
उनका के अब कहाँ राखेके कहके विषय मे अन्योल भईल बा ।
सर्लाही के प्रमुख जिल्ला अधिकारी मोहनबहादुर जिसी उनका के जनकपुर हि पठावे लागल बतवनी ।
“जनकपुर मे भर्ना भईल आदमी के उहें पठावल जा रहल बा” कहके बतवनी ।
धनुषा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी कोषहरि निरौला जनकपुर के आइसोलेसन बेड भर चुकला से उनका के सर्लाही ओरी राखेके बतवले बाडन ।






