बारा के दु जने सेना सहित पाँच जने कोरोना संक्रमित

प्रभु यादव

बारा १३ जेठ

बारा जिल्ला मे दु जने सेना सहित पाँच जने के कोरोना पोजिटिभ पुष्टि भईल बा ।

पचरौता नगरपालिका वार्ड नम्वर १ बेनौली मे रहल नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विधालय मे रहल करेन्टाइन मे रहल लोग मे कोरोना पोजिटिभ पुष्टि भईल बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी जनकारी करावले बानी ।

पचरौता नगरपालिका के वार्ड नम्वर १ के दु जने वार्ड नम्बर २ के १ जने सुरक्षा मे रहल सेना दु जने मे कोरोना पुष्टि भईल स्वास्थ्य शाखा प्रमुख नवलकिशोर यादव जनकारी करावले बानी ।

भारत से आईल करेनटाईन मे रहल ३० , ३५ आ १९ बरीस के रहल बा प्रमुख यादव जानकारी देहले बानी ।

बेनौली मे रहल करेन्टाइन मे के ३९ जने आ स्वस्थ्यकर्मी आ सुरक्षा मे खटल लोग कर के ५८ जने के स्वाब चेक के खातिर पठावल गईल जवना मे से पाच जने के कोरोना भईल जनकारी भईल यादव जनकारी करावले बानी ।

दु जने सेना के वीरंगज के गण्डक अस्पताल मे आ तीन जने के कलैया अस्पताल कलैया के आसोलेशन मे पेठावल गईल यादव जनकारी करावले बानी ।

पाँचु जने के स्वास्थ अवस्था निमन रहल बा कवनो किसिम के कोरोना के लक्षण ना देखल गईल माकिर स्वाब चेक करावला पर पोजेटिभ देखल गईल यादव जनकारी करावले बानी ।

बारा जिल्ला के करेन्टाइन मे एक सय ३१ जने के राखल गईल बा यादव जनकारी देहनी । बुध के दिन करेन्टाइन मे रहल लोग के स्वाब चेक करेला संकलन कईल जाए के जनकारी यादव देहले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।