वन मुद्दा मे पकडाईल युवा संघ के नेता छोडावे खातिर एक घण्टा चक्काजाम
वन मुद्दा मे पकडाईल युवा संघ के नेता छोडावे खातिर एक घण्टा चक्काजाम

रौतहट २५ फागुन
राष्ट्रिय युवा संघ के केन्द्रीय सदस्य विक्रम लामा वन मुद्दा मे पकडईला के बाद उनका के छोडावे खातिर युवा संघ शुक के दिने एक घण्टा चक्काजाम कईले बा ।
चन्द्रपुर नगरपालिका–२ के लामा के डिभिजन वन कार्यालय वन सम्बन्धी मुद्दा मे बितल बुध के दिने पकडके हिरासत मे रखले बा ।
युवा संघ के नेता कार्यकर्ता लामा के रिहाइ के माग करत शुक के दिने पूर्व–पश्चिम राजमार्ग के रौतहट चन्द्रनिगाहपुर खण्ड मे एक घण्टा चक्काजाम कईले रहलन । उलोग एक घण्टा सडक अवरुद्ध कईले रहलन । डिभिजन वन कार्यालय के प्रमुख शैलेन्द्र मिश्र कहनी बियफे के दिने सम्बन्धित वार्ड अध्यक्ष के रोहबर मे छोडेके बतईला पर भी उलटे मुद्दा दर्ता करके १० दिन के म्याद थपला के बाद युवा संघ आन्दोलन सुरु कईले बा ।
लामा के फँसावेके खोजल युवा संघ के आरोप बा । युवा संघ के रौतहट अध्यक्ष मुन्ना यादव के नेतृत्व मे चन्द्रनिगाहपुर पार्टी कार्यालय से निकलल मोटरसाइकल जुलुस डिभिजन वन कार्यालय लगे पुगके टायर बारके राजमार्ग अबरुद्ध कईले रहलन ।
डिभिजन वन के प्रमुख मिश्र कहनी प्रमाण के आधार मे लामा के पकडके अदालत मे मुद्दा अगाडि बढावल बतवनी ।






