संविधान संशोधन के पक्ष मे काँग्रेस

काठमाण्डु १५ जेठ
प्रमुख विपक्षी दल नेपाली काँग्रेस सङ्घीय संसद् मे दर्ता भईल संविधान संशोधन प्रस्ताव के पक्ष मे मतदान करेके जनावल बा ।
कालापानी, लिम्पियाधुरा, लिपुलेक समेटल नेपाल के नक्सा निशाना छाप मे अद्यावधिक करे खातिर होखे लागल संशोधन के पक्ष मे मतदान करेके आजु इहाँ पत्रकार सम्मेलन करके पार्टी स्पष्ट कईले बा ।
पार्टी कार्यालय मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे पार्टी के प्रवक्ता विश्वप्रकाश शर्मा कहनी कि, “नक्सा के सन्दर्भ मे केहु द्विविधा ना कईला से होखी, कालापानी, लिपुलेक, लिम्पियाधुरा नेपाल के ह, नेपाल के अधिकार स्थापित होखेके पडि कहके जउन राजनीतिक दल (काँग्रेस) से कहत आईल बा, उ दल नक्सा के सन्दर्भ मे प्रष्टरुप मे संसद् मे पक्ष मे खडा होखी, संस्थागत निर्णय करेके काँग्रेस के अधिकार के विषय के सुरक्षित रहे देहल जाँव ।”
सीमा के विषय मे राष्ट्रिय एकता के साथ सम्पादन करेवाला दायित्व रहल उल्लेख करत उ एमे काँग्रेस प्रतिपक्षी दल के रुप मे जिम्मेवार आ संयमित होके काम कर रहल बतवनी ।
उ वितल समय से हि काँग्रेस से राखत आईल धारणा मुताविक कालापानी से भारतीय सेना फिर्ता होखेके पडि कहनी । नेपाल के भूभाग मे नेपाल के हक कायम होखेके पडि कहके काँग्रेस प्रष्ट रहल भी उ बतवनी ।
नेपाल के आपन भूमि मे अधिकार स्थापित करेके सन्दर्भ मे सरकार से जारी कईल नक्सा के सभी के स्वामित्वबोध करत साझा सहमति निर्माण करेवाला किसिम से अगाडि बढे खातिर काँग्रेस सरकार के निहोरा कईले बा ।
काँग्रेस उग्र अभिव्यक्ति से पहलकदमी मे तेजी देवेवाला पार्टी ह कहत उ नक्सा जारी भईला मे पार्टी से सकारात्मक दृष्टिकोण एकरा से पहिले हि सार्वजनिक कईल आ इहे १७ गते बईठेवाला केन्द्रीय कार्य समिति संस्थागत निर्णय करेके भी उ जानकारी देहनी ।
पत्रकार सम्मेलन मे उ कहनी कि, “राष्ट्रियता जईसन विषय मे हरेक दलबीच साझा स्वामित्व होखो, केहु के भी ओकरा से फरक रुप मे उभिनेखाल के अवस्था ना बनो कहके सन्देश देवे खातिर साझा प्रयत्न करेके जिम्मेवारी भी काँग्रेस के ह ।”
सर्वदलीय बईठक मे सहभागी होके संस्थागतरुप मे निर्णय करी कहके काँग्रेस से कहल अर्थ हमनी के समय मिलो कहके समय माग ना कईल कहत उ संसद् मे शुरु भईल प्रक्रिया अवरुद्ध करेके माग विल्कुले ना भईल भी प्रष्ट कइनी ।
उ संसद् मे कार्यसूची से हटावेके पडि कहके काँग्रेस के अभिव्यक्ति रहे कहके सरकार के कुछ मन्त्री से कहल विषय के काँग्रेस गम्भीररुप मे लेहल बतवनी ।
प्रवक्ता शर्मा एकरा से पहिले सभापति शेरबहादुर देउवा के वक्तव्य से भी आईल सन्दर्भ मे पार्टी के धारणा के गलत व्याख्या ना करे खातिर चेतावनी देहनी ।
राष्ट्रियता के विषय आरोप प्रत्यारोप ना होके एक जगहा मे खडा होके राष्ट्रिय भावना के बरियार बनावल जा सकता कहत उ नक्सा लेके मात्र जिम्मेवार पूरा ना होखेवाला भईला से जमिन भी आपन हाथ मे लियावे खातिर राष्ट्रिय एकता के साथ अगाडि बढेके बात मे जोड देहनी ।
प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के सर्वसम्मति के रुप मे पारित करके जाई कहके अभिव्यक्ति के काँग्रेस सम्मान कईल बतवनी ।
उ सन् २०१५ मे भारत आ चीन से सम्झौता कईला पर तत्कालीन काँग्रेस सभापति सुशील कोइराला नेतृत्व के सरकार चीन आ भारत दुनु देश के कूटनीतिक नोट पठईला के बाद हि ई विषय केन्द्र मे आईल आ राष्ट्रिय एकता के वातावरण निर्माण शुरु भईल उ जिकिर कइनी ।
सन् २०१९ मे लिपुलेक, कालापानी के जोडके भारत से नक्सा सार्वजनिक कईलख उ समय मे भी काँग्रेस स्पष्ट धारणा राखल उल्लेख करत उ ई विषय मे काँग्रेस सरकार के साथ दि कहके स्पष्ट कईल बतवनी ।
कोरोना नियन्त्रण मे गम्भीर होखे खातिर निहोरा
पत्रकार सम्मेलन मे प्रवक्ता शर्मा कोभिड–१९ के सङ्क्रमण रोके खातिर गम्भीर होके अगाडि बढे खातिर सरकार के निहोरा कईनी । उ सरकार के प्रयास कमजोर रहल कहत परीक्षण के दायरा बढावे खातिर भी निहोरा कइनी ।
“क्वारेन्टिन मे आदमी मरत बाडन, अधिकांश के मृत्यु के बाद मात्र रिपोर्ट काहे आवत बा, सिमाना मे बढिया से परीक्षण काहे नइखे कईल, विदेश मे अलपत्र पडल नागरिक के उद्धार मे सरकार काहे गम्भीर नईखे”, कहके सवाल कइनी । उ आजु सार्वजनिक हो रहल बजेट से कोरोना के सम्बोधन होखेके विश्वास रखनी ।




