पर्सा के आउर सात जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज १७ जेठ,
पर्सा जिल्ला मे आजु ७ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
आजु सबेरे २ आ सँझिया ५ जने करके एके दिन आउर ७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
आजु सँझिया पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के १ जनानी सहित ५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका के वार्ड नम्बर १, २, ४ आ ५ के २२ बरीस के २ पुरुष, २५ बरीस के १ पुरुष आ १ जनानी तथा ३६ बरीस के १ पुरुष करके ५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत भुजेन्द्र यादव जानकारी देहनी ।
यादव के मुताविक १० दिन पहिले भारत के महाराष्ट्र, गुजरात आ दिल्ली से आईल उलोग के पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका के निचुटास्थित विद्यालय के क्वारेन्टाइन मे राखल गईल रहे ।
निचुटा के क्वारेन्टाइन मे राखल ५० जने के बितल बियफे के दिने स्वाब संकलन करके वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे पठावल गईल रहे । उ मेसे ५ जने के स्वाब के पीसीआर जाँच के रिपोर्ट पोजिटिभ आईल यादव बतवनी ।
एकरा से पहिले पर्सा मे आजु सबेरे भी आउर २ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
आजु सबेरे सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका १ घर भईल ६० बरीस के जनानी आ वार्ड नम्बर २ के १८ बरीस के के युवक मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका के औराहा पन्चगावास्थित क्वारेन्टाइन मे रहल ५० जने के स्वाब संकलन करके वीरगंज के प्रयोगशाला मे पीसीआर जाँच कईल रहे ।
उ मेसे आजु सबेरे २ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे ।आजु सबेरे संक्रमण पुष्टि भईल दु जने भी जेठ १३ गते भारत के मुम्बइ आ उत्तर प्रदेश से आईल रहलन ।
भारत से आईल उलोग के औराहा पन्चगावास्थित दिपनारायण उच्च मावि के क्वारेन्टाइन मे राखल गईल रहे ।
शनिचर के दिने संक्रमण पुष्टि भईल सभी ७ जने संक्रमित के वीरगंज के गण्डकस्थित अस्थायी कोबिड–१९ अस्पताल मे लिया के भर्ना कईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललीत कुमार बस्नेत जानकारी देहनी ।
आजु एके दिन आउर ७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद पर्सा जिल्ला मे संक्रमित के संख्या १ सय ५ पुगल बा । उ मेसे ५ जने भारतीय नागरिक बाडन आ बाँकी १ सय जने पर्सा के स्थानीय रहल बाडन ।
पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललित बस्नेत के मुताविक पीसीआर जाँच के खातिर पर्सा मे अभी तक ३ हजार ६ सय ३० जने के स्वाब संकलन कईल बा ।
उ मेसे आजु सँझिया तक ३ हजार ४ सय १० जने के रिपोर्ट आईल बा । जउना मे १०५ जने के रिपोर्ट पोजिटिभ आईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी बस्नेत बतवनी ।
पीसीआर जाँच के खातिर संकलन कईल स्वाब मेसे अब २ सय २० के रिपोर्ट आवेके बाँकी रहल बस्नेत जानकारी देहनी ।






